पर्सा से १०७ किलो चरेस सहित एक जने पकडईलें

वीरगंज २४ पुस

पर्सा पुलीस वीरगंज से १०७ किलो चरेससहित एक जने के पकडले बा । मकवानपुर के थाहा नगरपालिका–११ रहेवाला ३४ बरीस के रविन तामाङ पकडाईल बाडन ।

वीरगंज–२१ स्थित परवानीपुर से ड्राइपोर्ट सडक खण्ड मे ना ६ ख ५६४३ नम्बर के कन्टेनर से उ परिमाण के चरेस बरामद भईल जिल्ला प्रहरी कार्यालय पर्सा जनवले बा ।

प्रदेश–२ प्रहरी कार्यालय आ जिल्ला प्रहरी कार्यालय पर्सा के संयुक्त टोली बुध के रात चरेस सहित तामाङ के पकडले रहे ।

नेपाल से भारत ओरी जा रहल कन्टेनर ट्रक के रोकके चेकजाँच कईला पर कन्टेनर भितर राखल ग्यालिन से चरेस बरामद भईल जिल्ला प्रहरी कार्यालय पर्सा के प्रवक्ता प्रहरी नायब उपरीक्षक मनोजित कुँवर जानकारी देहनी । ‘ग्यालन मे फल्स बटम बनाके ओकरा भितर चरेस लुकाके राखल बा,’ कहके बतवनी ।

कन्टेनर के मालिक भी तामाङ हि रहला से उ नियमित रुप मे चरेस लगायत अनेकन लागूऔषध भारत ओरी ढुवानी कर रहल हो सकेके आशंका पुलीस कईले बा ।

तामाङ विरुद्ध जिल्ला प्रहरी कार्यालय पर्सा हि पर्सा जिल्ला अदालत मे लागूऔषध मुद्दा दर्ता करके आउर अनुसन्धान कर रहल प्रहरी नायब उपरीक्षक कुँवर जानकारी देहनी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।