दु तिहाई के सरकार विश्वास ओरवा देहले बा : मेयर शेख वकिल

मेवालाल यादव

रौतहट ३ माघ,

पुस ५ गते प्रधानमन्त्री केपी ओली संसद विघटन कईला मे रौतहट के १८ पालिका लगायत परोहा नगरपालिका मे भी नेपाली काङ्ग्रेस पार्टी के नगर कार्यसमिति अलग अलग बिरोध कार्जक्रम कईले बा ।

नेपाली काङ्ग्रेस पार्टी के केन्द्रिय कार्जक्रम घोषणा मुताविक रौतहट के सभी पालिका मे सरकार के मुखिया विरुद्ध मे नारावाजी सहित विरोध कईले रहलन ।

रौतहट निर्वाचन क्षेत्र नम्बर २ अन्तर्गत पडेवाला परोहा नगरपालिका स्थिति पोखरीया टोल मे नेपाली काङ्ग्रेस परोहा नगर कार्यसमितिद्वारा अधिनायकवाद कदम चालल केपी ओली के विरुद्ध मे विरोध जुलुस तथा विरोध सभा कईले रहलन ।

नेपाल तरुण दल रौतहट के पूर्व सभापति एवम् परोहा नगरपालिका के मेयर शेख वकिल कार्जक्रम के सम्बोधन करत देश के नेपाली काङ्ग्रेस पार्टी पहिले भी संकट से बँचवले रहे आ आजु भी ओईसन भुमिका खेलेमे पछाडि ना हटेके बतवनी ।

वर्तमान अवस्था प्रधानमन्त्री केपी ओली भ्रष्टाचार आ बलात्कारी के बढावा देहल बतावत २००७, २०१५, २०३५ भाा २०६२÷०६३ साल होखो भा संविधान निर्माण आदि जईसन एतिहासिक काम नेपाली काङ्ग्रेस से हि कईल दाबी कइनी ।

पुस ५ गते प्रधानमन्त्री केपी ओली सन्सद विघटन धारा विना उल्लेख कईल प्रस्ताव राष्ट्रपति समक्ष लेजाते मातर सदर कईल रहे जउना मे सांसद विघटन करके निर्वाचन मिति बैशाख १७ गते आ बैशाख २७ गते होखेके तय प्रस्ताव मे उल्लेख कईल रहे ।

माकिर आपन पार्टी के आन्तरिक द्वन्द समाधान करे ना सकला पर आपन स्वार्थ पूरा होखेवाला किसिम से संसद विघटन कईला मे सर्वोच्च अदालत से संसद पुनः बहाली होखेके विश्वास जनवनी ।

केपी ओली संविधान हि ना पढ के संसद विघटन कईल आजु सावित भईल, जईसे सर्वोच्च अदालत से प्रस्ताव पारित कागजात फिर्ता माँगल साबुत बाहर आईल बतवनी ।

काङ्ग्रेस बिधि के शासन व्यवस्था मे विश्वास करेवाला पार्टी ह कहत निर्वाचन से मागेवाला पार्टी ना ह कहनी । शितलहर के समय के ख्याल ना करके भी नेताकार्यकर्ता एवं आमजनता हमनी के नेवता मे अईला मे आभार प्रकट करत ई उपस्थिति से आवेवाला निर्वाचन नेपाली काङ्ग्रेसमय होखेके प्रबल सम्भावना रहल उनकर दाबी रहे ।

बिरोध सभा कार्जक्रम रौतहट निर्वाचन क्षेत्र नम्बर २ (ख) प्रदेश सभा सदस्य प्रत्यासी रामचन्द्र गिरी के प्रमुख आतिथ्यता मे भईल रहे । कार्जक्रम के संचालन नेपाल तरुण दल रौतहट सभापति मोहम्मद नौसाद आलम कईले रहनी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।