पर्सा से प्रकाशित पत्रपत्रिका के विकास खातिर महानगरपालिका हरदम तइयार बा : मेयर सरावगी

वीरगंज १६ माघ

कालिका टाईम्स प्रारु.लि. वीरगंजद्वारा संचालित कालिका टाईम्स डटकम न्युज पोर्टल के दुसरका बार्षिकोत्सव के अवसर मे कालिका टाईम्स दैनिक पत्रिका के आजु बिमोचन कईल गईल बा ।

कालिका टाईम्स के प्रबन्ध निर्देशक छठु साह के अध्यक्षता मे भईल कार्जक्रम मे प्रमुख अथिति बीरगंज महानगरपालिका के मेयर विजय कुमार सरावगी पत्रिका के बिमोचन कइनी ।

कार्जक्रम मे प्रमुख अथिति मेयर सरावगी पत्रकारिता चुनौती पूर्ण क्षेत्र रहल बतावत आवेवाला दिन मे कालिका टाईम्स दैनिक पत्रिका सत्य तथ्य समाचारसब के उजागर करेके विश्वास व्यक्त कइनी । उ पत्रिका के निरन्तरता देवे खातिर शुभकामना भी देहनी ।

बीरगंज महानगरपालिका ई क्षेत्र मे नियमित रुप से प्रकाशित हो रहल पत्रपत्रिकासब के विकास के खातिर हरदम तत्पर रहल बात मे मेयर सरावगी जोड देहनी । पुराना परम्परासब महानगरपालिका से बन्द कईल बतावत अब जलदी लोककल्याणकारी विज्ञापन मार्फत समान रुप मे ई क्षेत्र के पत्र–पत्रिकासब के मिलेके बतवनी ।

एकरा खातिर वीरगंज महानगरपालिका कानुन बनाके अगाडि बढल बतावत मेयर सरावगी पत्रकारिता मे मास्टर करेवाला जनानी पत्रकार के मेयर कल्याणकारी कोष से एक लाख सहजोग करेके घोषणा कईला पर भी तिन बरीस भितर केहु भी जनानी पत्रकार उ रोपेया लेवे ना सकल बतवनी ।

बीरगंज दरबार होटल मे आयोजित कार्जक्रम मे जिल्ला समन्वय समिति पर्सा के प्रमुख नेकमहमद अन्सारी, जगरनाथपुर गाँवपालिका के अध्यक्ष जालिम मियाँ, सखुवा प्रसौनी गाँवपालिका के अध्यक्ष प्रदिप जयसवाल, नेपाल पत्रकार महासंघ प्रदेश नं. २ के अध्यक्ष दिपेन्द्र चौहान, नेपाली कांग्रेस पर्सा के सचिव श्याम पटेल, नेकपा के वीरगंज महानगर अध्यक्ष रहबर अन्सारी, जनता समाजवादी पर्सा के सचिव तबरेज अहमद, जिल्ला प्रहरी कार्यालय पर्सा के प्रहरी नायब उपरिक्षक ओमप्रकाश खनाल, नेपाल पत्रकार महासंघ प्रदेश नं. २ के उपाध्यक्ष केशी लामिक्षाने, पर्सा शाखा अध्यक्ष श्याम बन्जारा, प्रेस संगठन पर्सा के अध्यक्ष निरज पिठाकोठे मगर, प्रेस युनियन के ओरी से क्रान्ति साह, संघिय प्रेस फोरम पर्सा के अध्यक्ष आरके पटेल लगायत के लोग शुभकामना मन्तव्य रखले रहनी । कालिका टाइम्स के सम्पादक शम्भु कुमार सुमन से सहजिकरण कईल कार्जक्रम मे वृजलाल पासवान स्वागत मन्तव्य रखले रहनी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।