प्रदेशसभा वार्षिकोत्सव कार्जक्रम ओली समूहद्वारा बहिस्कार

जनकपुरधाम २१ माघ
प्रदेशसभा सचिवालय प्रचण्ड माधव समूह के नेता के प्रमुख प्रतिपक्षी दल के नेता मानला के बाद नेकपा ओली समूह प्रदेश २ के प्रदेशसभा के तिसरका बार्षिकोत्सव कार्जक्रम बहिस्कार कईले बा ।
पार्टी मे विवाद आवेसे पहिले संसदीय दल के नेता रहल सत्यनारायण मण्डल रहला पर भी प्रदेशसभा सचिवालय प्रचण्ड–माधव समूह से चयन कईल संसदीय दल के नेता शत्रुधन महतो के मान्यता देहल कहत ओली समूह बहिस्कार कईले बा ।
वार्षिकोत्सव कार्जक्रम मे प्रदेशसभा सचिवालय प्रमुख प्रतिपक्षी दल के नेता के हैसियत मे प्रचण्ड–माधव समूह के महतो के बोलेके देहले रहे । उनका के बोलेके देहला के बाद ओली समूह के सांसद रामचन्द्र मण्डल कार्जक्रम हि छोडके निकलल रहलन । उ निकलला के बाद ओली समूह के आउर चार जने सांसद मण्डल के गाडी मे चढ के बाहर निकललें ।
कार्जक्रम छोड के जा रहल मण्डल कहनी, ‘आठ महिना अगाडि तत्कालिन समाजवादी पार्टी आ राष्ट्रिय जनता पार्टीबीच एकीकरण भईला पर दुनु के नेता रहेके आ दल विभाजन ना भईला पर भी प्रतिपक्षी दल के नयाँ नेता निर्माण करेके ?’
उ ई काम निन्दनीय रहल कहत विरोध जनवनी । तत्कालिन माओवादी केन्द्र से निर्वाचित भईल मण्डल पार्टी मे विवाद देखल गईला पर ओली समूह ओरी बाडन । सांसद मण्डल निकलला के कुछ देर मे आन्तरिक मामिला तथा कानुन मन्त्री ज्ञानेन्द्र यादव आ सामाजिक विकास मन्त्री नवलकिशोर साह भी मञ्च छोड के गईलें । दुनु जने बहुते जरुरी काम बा कहत मञ्च छोड के बाहर निकललें । ई दु मन्त्री बाहर गईला पर भौतिक पूर्वाधार विकास मन्त्री जितेन्द्र सोनल मन्तव्य देत रहनी । प्रदेश प्रमुख तिलक परियार के प्रमुख आतिथ्यता मे भईल कार्जक्रम मे मुख्यमन्त्री लालबाबु राउत भी सहभागी रहनी ।
कार्जक्रम मे कांग्रेस संसदीय दल के नेता रामसरोज यादव खुद पूर्ण रुप मे सहजोग कईला पर भी सरकार के काम ना देखल गईल बतवनी । ‘विकास के पूर्वाधार जईसे खडा होखेके चाहिं, उ होखे नईखे सकल’ कहत उ, ‘शिक्षा, स्वास्थ्य क्षेत्र बहुते पछाडि बा ।’ प्रचण्ड–माधव समूह के नेकपा के संसदीय दल के नेता शत्रुधन महतो सरकार सहमति जुटावेमे चुक रहल बतवलन । ‘
प्रदेश के साँचोमे आर्थिक समृद्धि ओरी अगाडि बढावेके, जनता के आयस्तर बढावेके, पर्यटन, कृषि, उद्योग ओरी सरकार के जईसे जिम्मेबारीपूर्वक काम करेके चाहिं उ भईल नइखे’ कहके बतवनी ।






