सोमार से सञ्चारकर्मी के भी कोरोना खोप लागी

काठमाण्डु २५ माघ

सरकार बिहान से सञ्चारकर्मीलोग के कोरोना भाइरस (कोभिड १९) विरुद्ध के खोप लगावेके व्यवस्था मिलवले बा ।

स्वास्थ्य तथा जनसंख्या मन्त्रालय अन्तर्गत स्वास्थ्य आपतकालीन कार्य सञ्चालन केन्द्र एतवार के दिने एक विज्ञप्ति जारी करत नयाँ बानेश्वरस्थित निजामति कर्मचारी अस्पताल से सञ्चारकर्मी के खोप लगावे के व्यवस्था मिलावल जानकारी देहले बा ।

एतवार के दिने बईठल सचिवस्तर के निर्णय मुताविक सञ्चारकर्मी के खोप लगावे के व्यवस्था मिलावल गईल केन्द्र के प्रमुख डा. समीरकुमार अधिकारी जानकारी देहनी ।

बिहान से पाँच दिन तक सञ्चालन होखेवाला खोप अभियान के खातिर स्वास्थ्य सेवा विभाग अन्तर्गत के खोप सचिवालय मे सभी सञ्चारकर्मीलोग के विवरण यथाशीघ्र उपलब्ध करावे खातिर भी केन्द्र निहोरा कईले बा ।

एकरा से पहिले सरकार पहिलका चरण मे स्वास्थ्यकर्मी, जनानी स्वमसेविका, सरसफाइकर्मी, एम्बुलेन्स तथा शववाहन के चालक, कैदी बन्दी, वृद्धाश्रम मे रहल बुढ लगायत के कोरोना खोप लगावे के व्यवस्था कईले रहे ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।