ट्रक के ठोकर से साह के मृत्यु
वीरगंज ०८ फागुन
वीरगंज मे ट्रक के ठोकर से एक जने के मृत्यु भईल बा आ दोसर एक जने गम्भीर घायल भईल बाडन ।
वीरगंज के ड्राइपोट सडक खण्ड मे ट्रक के ठोकर से मोटरसाइक चालक के मृत्यु भईल बा । बीरगंज से ड्राईपोट जारहल ना ५३ प ८७६२ नम्बर के मोटरसाइकल के उल्टा रास्ता से आ रहल ना ४ ख १८३९ नम्बर के ट्रक ठोकर देहला पर मोटरसाइकल चालक के मृत्यु भईला के साथे दोसर एक जनानी गम्भीर घायल भईल वडा प्रहरी कार्यालय श्रीपुर के प्रहरी निरीक्षक दिपक साह बतवनी ।
मोटरसाइकल चालक पर्सा जिल्ला सखुवाप्रसौनी गाँवपालिका वार्ड नम्बर २ श्रीपुर पंचगवा रहेवाला ६० बरीस के छठु साह के नारायणी अस्पताल मे ईलाज के समय मे मृत्यु भईल पर्सा पुलीस जनवले बा ।
एहितरे मोटरसाइकल मे पछाडि सवार वीरगंज महानगरपालिका वार्ड नम्बर १९ निवसी २७ बरीस के चन्दा देवी साह के वीरगंज के तराई अस्पताल मे ईलाज हो रहल जनावल गईल बा ।
मोटरसाइकल के ठोकर देवेवाला ट्रक पुलीस के नियन्त्रण मे रहल बा आ ट्रक चालक के खोजी हो रहल वडा प्रहरी कार्यालय श्रीपुर के प्रहरी निरीक्षक साह बतवनी ।






