बेटी के दरबन्दी मे बाबु काम करत बाडन

मेघराज राय
जिराभवानी १० फागुन
पर्सा के ठोरी गाँवपालिका मे बेटी के दरबन्दी मे बाबु काम कर रहल मिलल बा ।
ठोरी गाँवपालिका वार्ड नम्बर पाँच मे रहल स्वास्थ चौकी मे कार्यरत कार्यालय सहजोगी सर्मिला रुम्बा के जगहा मे उनकर बाबु कृष्ण बहादुर रुम्बा कार्यालय सहजोगी के रुप मे काम कर रहल मिलल बा ।
सर्मिला गाँवपालिका के ओरी से करार सेवा मे काम करत रहली माकिर उ बियाह करके चितवन गईला के बाद उनकर बाबु हि कार्यालय सहजोगी के रुप मे स्वास्थ चौकी मे काम कर रहल स्थानीय बतवले बाडन ।
सर्मिला तलब बुझे आ करार के म्याद थप करे खातिर मात्र कार्यालय आवेके कईल स्थानीय बतवले बाडन । सर्मिला काल्हु मात्र करार के म्याद थप कराके फेनु आपन ससुरा चितवन हि गईल स्थानीय सिकाईत कईले बाडन ।
माकिर ठोरी गाँवपालिका के प्रमुख प्रशासकीय अधिकृत कृष्ण लाल श्रेष्ठ खुद के सर्मिला कार्यालय मे उपस्थित ना हो रहल बारेमे कउनो जानकारी ना आईल आ बेटी के नाम मे बाबु के काम करे ना मिलेके कहत ई बिषय मे तत्काल छानबिन करेके आ ओईसन मिलला पर कानुन मुताविक कारवाही करेके बतवनी ।
माकिर स्वास्थ संयोजक रमेश राज थिङ् सर्मिला बियाह करके गईल खुद के जानकारी भईल माकिर कार्यालय मे ओकर बाबु काम कर रहल बारेमे खुद के जानकारी ना भईल कहत आजु सत्यतथ्य बुझे खातिर अनुगमन भी करेके बतवनी ।






