विषयगत शिक्षक ना भईला पर पढाई लिखाई प्रभावित

बारा १७ फागुन
बारा के आदर्श कोतवाल गाँवपालिका चिउटाहास्थित श्रीराम चरित्र माध्यमिक विद्यालय मे विषयगत शिक्षक ना भईला पर पठनपाठन प्रभावित बनल बा । लम्हर समय से विषयगत शिक्षक शिक्षक ना भईला पर पठनपाठन प्रभावित बनल विद्यार्थीलोग सिकाईत कईले बाडन ।
विद्यालय मे किलास ६ से १२ तक नेपाली विषय पढावेवाला शिक्षक ना भईला से खुदसब के पठनपाठन प्रभावित बनल उलोग के सिकाईत बा । ०६७ चईत ११ गते से सुरु भईल लकडाउन के बाद ०७७ अगहन १४ गते से आदर्शकोतवाल गाँवपालिका के विद्यालयसब सञ्चालन मे आईल रहे ।
विषयगत शिक्षक के माग राखत विद्यार्थीलोग गाँवपालिका कार्यालय भी पुगल बाडन । विद्यालय सञ्चालन मे अईला पर भी विषयगत शिक्षक ना भईला से पठनपाठन मे समस्या भईल कहत उलोग एतवार के दिने गाँवपालिका कार्यालय पुगल बाडन ।
गाँवपालिका कार्यालय मे पुगल किलास ९ के विद्यार्थी टोली के जलदी शिक्षक बहाली करेके आश्वासन देके फिर्ता पठावल गईल बा । गाँवपालिका के शिक्षा शाखा प्रमुख वेदराज अधिकारी श्रीराम चरित्र मावि मे २ गो निमावि आ ३ गो मावि तह के करके ५ गो दरबन्दी खाली रहल जानकारी देहनी ।
विद्यालय व्यवस्थापन समिति के म्याद एक बरीस पहिले हि ओराईल बा । नयाँ विद्यालय व्यवस्थापन समिति गठन के खातिर बेर बेर अभिभावक भेला भईला पर भी पूर्णता मिले नइखे सकल । जउना के चलते शिक्षक नियुक्ति करेमे समस्या भईल गाँवपालिका के शिक्षा शाखा जनवले बा । पालिका के अलगे शिक्षा ऐन ना भईला पर समस्या हो रहल बतावत उ जलदी विद्यार्थी के समस्या समाधान के खातिर जरुरी कदम चालेके बतवनी ।
२ हजार १ सय ७१ जने विद्यार्थी अध्ययनरत विद्यालय मे अभी जम्मा १८ जने शिक्षक अध्यापन करा रहल बा ।






