घर बनावे खातिर १० लाख के चेक देहल गईल

प्रभु यादव
बारा १८ फागुन
बारा के कलैया उपमहानगरपालिका भितर मे लुमन्ती अवास अन्तरगत घर बनावेला १० लाख के चेक देहल गईल बा ।
दिपशिखा महिला बचत तथा ऋण सहकारी संस्था लिमिटेड कलैया बारा के आयोजना आ कलैया उपमहानगरपालिका, लुमन्ति आवाश के खातिर सहयोग समूह अउरी शहरी गरिबी निवारण मञ्च के संयुक्त सहजोग मे कलैया उपमहानगरपालिका के सभाहल मे चेक हस्तांतरण कार्जक्रम पुरा भईल बा ।
सेलाभिप परियोजना अन्तर्गत कलैया उपमहानगरपालिका अन्तर्गत के लुमन्ति के कार्य क्षेत्र भईल २१ गो टोला के ५१ जने परिवार के घर निर्माण के खातिर पहिलका किस्ता अन्तर्गत २० जने के परिवार मे ५० हजार के दर से जम्मा १० लाख रोपेया के चेक देहल गईल बा ।
दिपशिखा महिला बचत तथा ऋण सहकारी संस्था लिमिटेड कलैया बारा के अध्यक्ष रामरती देवी पासवान के अध्यक्षता आ कलैया उपमहानगरपालिका के नगर प्रमुख राजेश राय यादव के प्रमुख आतिथ्यता मे कार्जक्रम सम्पन्न भईल रहे ।
चेक देवेला भईल कार्जक्रम मे विशिष्ट अतिथि कलैया उपमहानगरपालिका के प्रमुख प्रशासकीय अधिकृत प्रहलाद वर्णवाल, अतिथि कलैया उपमहानगरपालिका के योजना प्रमुख मुस्ताक अंसारी, लुमन्ति आवाश के खातिर सहजोग समूह कलैया के फिल्ड संयोजक अब्दुल कैश, शहरी गरिबी निवारण मञ्च के अध्यक्ष रबिन्द्र प्रसाद साह, सहकारी के व्यवस्थापक अखिलेश राम लुमन्ति के इन्जिनियर विवेक तिवारी, सामुदायिक सहजकर्ता अजय यादव लगायत के सहभागिता रहल रहे ।
कार्जक्रम के सन्चालन लुमन्ति कलैया के वरिष्ठ सामुदायिक सहजकर्ता अनिल मन्डल आ स्वागत मन्तव्य सामुदायिक सहजकर्ता सूर्य राज पासवान कईले रहनी ।





