नीतिगत मूलप्रवाहिकरण के खातिर पालिकास्तर मे शिक्षा के नीति सम्बन्धि संवाद तथा पैरवी कार्जक्रम

प्रभु यादव
बारा २६ फागुन
रौतहट के गौर नगरपालिका के सभा हल मे नगरपालिका के नगर प्रमुख अजय कुमार गुप्ता के अध्यक्षता मे कार्जक्रम सम्पन्न भईल बा ।
जनजागरण युवा क्लब कलैया आ भिएसओ नेपाल के साझेदारी मे संचालन करहल प्रारम्भिक शिक्षा गुणस्तर सुधार परियोजना अन्तर्गत गौर नगरपालिका के शिक्षा ऐन २०७४ अउरी प्रभावकारी, बालमैत्री, समावेशी तथा महिला मैत्री बनावेला छलफल कईल गईल जनजागरण युवा क्लव बारा के कोषाध्यक्ष सियाराम यादव जनकारी करावले बानी ।
गौर नगरपालिका के शिक्षा ऐन २०७४ के अध्ययन तथा आवश्यक सल्लाह सुझाव देवेखातिर नगरपालिका शिक्षा तथा खेलकुद शाखा प्रमुख गणेश बहादुर गिरी के संयोजकत्व मे छव सदसिये कार्यदल गठन कईले बा । कार्यदल मे गौर नगरपालिका के कानुनी सल्लाहकार रामदरेश साह, जुद्ध माध्यमिक विद्यालय के प्र.अ. चन्देश्वर राउत, मा.बि. टिकुलिया के प्र.अ. गनदेशवर प्रसाद सिंह, शिक्षा समिति के असित कुमार बैध बिभा देवी आ नारायण बैठा रहल बानी । गठित कार्यदल समिति चैत्र महिना भितर मे।गौर नगरपालिका के शिक्षा ऐन २०७४ के अध्ययन कर के शिक्षा समिति मे प्रतिवेदन पेश करीहन ।
कार्जक्रम मे नेपाल सरकार के शिक्षा निति सब आ नगरपालिका के जोड देवे सकल बिषय सब के प्रस्तुतिकरण जन जागरण युवा क्लब, बारा के कार्जक्रम व्यवस्थापक मनोज यादव कईले रहनी । गौर नगरपालिका के रौतहट के शिक्षा समिति, प्रधानाध्यापक सब उपस्थिति रहल उ कार्यक्रम मे नगरपालिका के प्रमुख प्रसासिय अधिकृत सुरेन्द्र प्रधान आ शिक्षा शाखा, सहित के उपस्थिति रहल रहे ।





