श्रद्धाभक्ति के साथ छठ पवनी मनावल जा रहल

प्रभु यादव

बारा ०५ बैशाख

बारा के १६ स्थानिय तह मे छठ पवनी श्रद्धाभक्ति के साथ मनावल गईल बा ।

पहिले पहिले कुछ जगह मे चईती छठ पवनी कईल जात रहल ई बरीस हर जगह पवनी करेवाला देखला से दिन दिने महत्व वढरहल कलैया १ के गौरीशंकर यादव जनकारी करावले बानी ।

पहिले कुछ ही लोग चईती छठ पवनी करत रहल जवन गाँव के ईनार पर अरघ राख के करत रहल यादव जनकारी करावले बानी । ई साल रामजानकी मठ के घाट पर एक सय ५० जने पवनईतिन रहल यादव जनकारी करावले बानी । कार्तिक महिना मे कईल गईल पवनी के भिड जईसन रामजानकी मठ के घाट पर लागल रमेश साह जनकारी करावले बानी ।

बारा के कलैया के रामजानकी मठ, सिद्धेश्वर नाथ मन्दिर के घाट, अवधापुर घाट, बरेवा पोखरा के घाट, चिमनीमाई मन्दिर के घाट, बरियारपुर गढीमाई मन्दिर के घाट, सिम्रौनगढ के कंकाली माई के घाट, सिसहनिया, लौतन पोखरा, प्रसौनी, बेलही, श्रीपुर, सखुई, परवानीपुर लगायत के जगह मे छठ पुजा विशेष महत्व आ खुसी के साथ पुजा पाठ कर के मनारहल बाडन ।

शनिचर के दिन रसियाव रोटी से घर मे पहिलका अरघ, दुसरका दिन एतवार के डुबत सुरज के सझिया घाट के अरघ देके पुजा कईल गईल । विहनिया उगत सुरज के गाई के दूध से अरघ देके पवनी समाप्त कईल जाई ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Check Also

Close
Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।