रौतहट पुलीस एक लाख सतर हजार बराबर के सामान भन्सार पठवलख

मेवालाल यादव

रौतहट ०६ बैशाख

रौतहट जिल्ला के सिमा नाकासब से होखेवाला भन्सार छली चोरी निकासी आ पैठारी के सामानसब भन्सार कार्यलय बुझावल गईल बा ।

नियन्त्रण करेवाला काम अन्तर्गतगत ४ गते से ६ गते तक के समानसब जिल्ला प्रहरी कार्यालय रौतहट से आ मातहत प्रहरी इकाईसब से अनेकन जगहासब मे खटल पुलीस गस्ती टोली भन्सार छली चोरी पैठारी करके भारत से नेपाल ओरी लिया रहल अवस्था मे पकडले बा ।

पुलीस गस्ती टोली के देखते मातर छोड के भागला से लावारिस अवस्था मे मिलल लेडिज सुरुवाल, थान कपडा, विस्कुट, सर्फ, नेहा तेल, डावर तेल, कस्मेटिक लगायत के सर–सामानसब के अन्दाजी मुल्य रु.१,२६,९५०।–(एक लाख छबीस हजार ९ सय पचास) बराबर के रहल प्रहरी चौकी लक्ष्मिपुर बेलबिछुवा से खटल प्रहरी गस्ती टोली जनवले बा ।

जिल्ला रौतहट राजदेवी नगरपालिका वार्ड नं. ८ लक्ष्मिपुर स्थित पुगला परा अपरिचित आदमी मोटरसाईकल मे डिजल लोड करके नेपाल से भारत ओरी जा रहल अवस्था मे मिलल मोटरसाईकल आ डिजल के अन्दाजी मुल्य रु.१०९९० रहल प्रहरी चौकी औरैया जनवले बा ।

रौतहट ईशनाथ नगरपालिका वार्ड नं. ९ डुमरीया स्थित नेपाल से भारत ओरी लेजाए लागलल सिमा क्षेत्र दशगाजा लगेमे लुकाके राखल ४ कुईन्टल ०६ किलो मसुरी वेवारीसे अवस्था मे मिलल बा, जेकरअन्दाजी मुल्य रु. बतिस हजार चार सय असी करके जम्मा एक लाख सतर हजार चार सय बीस बराबर के मालसामानसब रहल जनावल गईल बा ।

१ गो मोटरसाईकल जरुरी कारवाही के खातिर सोमार के दिने गौर भन्सार कार्यालय मे बुझावल गईल जिल्ला प्रहरी कार्यालय रौतहट के प्रहरी उपरीक्षक सिद्धिबिक्रम साह जानकारी देहनी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।