वीरगंज मे निजी तथा सामुदायिक विद्यालयस्तरीय सभी परीक्षा स्थगित

वीरगंज १२ बैशाख
वीरगंज महानगरपालिका सभी निजी तथा सामुदायिक विद्यालयस्तरीय परीक्षासब स्थगित कईले बा । एतवार के दिने महानगरपालिका विज्ञप्ति निकालत किलास ८ के नगरस्तरीय लगायत विद्यालय स्तरीय सभी परीक्षासब स्थगित कईले बा ।
महानगर से जारी कईल विज्ञप्ति मे कहल गईल बा, ‘कोभिड–१९ संक्रमण दिन पर नि तेजी से बढत जा रहल अवस्था के मध्य नजर करत मिति २०७८÷०१÷१२ से सञ्चालन हो रहल आधारभूत तह किलास ८ के नगरस्तरीय परीक्षा लगायत विद्यालय स्तरीय सभी परीक्षासब दोसर सूचना ना होखे तक के खातिर स्थगित कईल व्यहोरा सभी मे जानकारी के खातिर निहोरा बा ।’






