रौतहट के आउर ६ जने संक्रमित के मृत्यु

रौतहट ३१ वैशाख
पिछिलका २४ घण्टा मे कोरोना संक्रमण के चलते रौतहट के ६ जने ज्यान गँवईले बाडन ।
गौर मे रहल अस्थायी कोविड अस्पताल मे ईलाज के समय मे रहल ३ जने आ जिल्ला बाहर आउर अस्पताल मे ईलाज के समय मे ३ करके ६ जने के ज्यान गईल बा ।
आजु मृत्यु भईल मेसे २ जने जनानी आ ४ पुरुष रहल जिल्ला प्रशासन कार्यालय रौतहट जनवले बा । मृतक दुनु जनानी गौर ८ के रहनी । कोरोना संक्रमण के चलते रौतहट मे २ संचारकर्मी सहित ३६ जने ज्यान गँवईले बाडन ।
रौतहट मे आजु आउर ४३ जने मे कोविड १९ के संक्रमण पुष्टी भईल बा । एकरा सँगे जिल्ला मे संक्रमित के कुल सँख्या ५४५ पुगल बा । गौर नगरपालिका मे संक्रमित के सँख्या १ सय ४ पुगल बा । अभी तक रौतहट के संक्रमित भईल ६३९ मेसे ७३ जने ठिक होके घर गईल बाडन ।
शनिचर से आउर एक हप्ता लकडाउन
कोरोना भाइरस (कोविड–१९) के दुसरका लहर के संक्रमण समुदाय स्तर मे फईल के मृतक के सँख्या बढे लागला के बाद रौतहट प्रशासन ७ दिन के खातिर जिल्ला मे लकडाउन घोषणा कईले बा ।
समुदाय एवं सर्वसाधारण मे कोरोना संक्रमण के जोखिम कम करे खातिर स्थानीय प्रशासन ऐन, २०२८ के दफा ६ के उपदफा ३ तथा संक्रमण रोग ऐन, २०२० के दफा २ बमोजिम जेठ १ से ७ गते तक के खातिर रौतहट जिल्ला भर निषेधाज्ञा जारी कईल जिल्ला प्रशासन कार्यालय रौतहट जनवले बा ।
जिल्ला प्रशासन कार्यालय से आजु जारी कईल सूचना मे जरुरी काम बाहेक कउनो भी आदमी के घर बाहर निकले मे रोक लगवले बा । स्वास्थ्य, विद्युत, दुरसंचार, खानेपाी, दुध, फुहर मैला व्यवस्थापन, ग्यास, पेट्रोलियम पदार्थ, औषधि, आपूर्ति बाहेक के आउर सभी निकाय आ सेवा के भी निषेध कईल बा आ एम्बुलेन्स, शव वाहन, दमकल लगायत सवारी पास प्राप्त सवारी साधन के मात्र संचालन के अनुमति देहले बा ।
खाद्य सामग्री, तरकारी तथा फलफूल के दोकानसब हप्ता के दु दिन सोमार आ बियफे के दिने खोले मिली आ बैंक तथा वितिय सँस्थासब एतवार आ बुध के दिने मात्र संचालन होखी । निर्माण सामान के ढुवानी सँझिया सबेरे ७ बजे तक मात्र करे मिलेके प्रमुख जिल्ला अधिकारी ईन्द्र देव यादव बतवनी ।
वैवाहिक कार्जक्रम मे दुलहा दुलही समेत बेसी मे १५ जने आ दु गो गाडीमात्र प्रयोग करे मिलेके उ बतवनी । जरुरी काम मे खटेवाला सवारी साधन, कुटनितिक नियोग आ आधिकारीक प्रेस पास प्राप्त सवारी साधनसब संचालन होखेके प्रमुख जिल्ला अधिकारी यादव बतवनी ।






