सिमा नाका मे रहल हेल्थ डेस्क मे परीक्षण रुकल

वीरगंज ११ जेठ
भारत से नेपाल प्रवेश करेवाला नेपाली के कोरोना परीक्षण रुकल बा । लम्हर समय से एन्टिजेन किट के कमी भईला के बाद वीरगंज महानगरपालिका शङ्कराचार्य गेट लगे स्थापना कईल हेल्थ डेस्क मे होत आईल परीक्षण प्रभावित भईल बा ।
दैनिक भारत से उ नाका होके २५ जने से बेसी नेपाली वीरगंज प्रवेश कईला पर भी किट के कमी मे कोरोना परीक्षण होखे ना सकल हेल्थ डेस्क के इन्चार्ज सैमुला अन्सारी जानकारी देहनी । उ कहनी, “किट के कमी मे अभी सामान्य बोखार नापल जा रहल बा ।” उ जदि कोरोना के लक्षण देखल गईला पर जउन जिल्ला के बासिन्दा होखेलन उहे जिल्ला मे ईलाज के खातिर पठा रहल बतवनी ।
वीरगंज महानगरपालिका भन्सार क्षेत्र मे स्थापना कईल हेल्थ डेस्क मे एन्टिजेन किट के कमी रहल जनावल गईल बा । महानगरपालिका के प्रमुख बिजय सरावगी जिल्ला जनस्वास्थ्य कार्यालय अभी तक उ किट उपलब्ध ना करईला पर समस्या देखल गईल बतवनी । पिसिआर परीक्षण भी होखे ना सकल बतावल गईल बा । उ हेल्थ डेस्क मे स्वाब सङ्कलन भी बन्द बा । एहितरे भारत से दैनिक १० से १५ गो पिकअप गाडी मे तरकारी अईला पर भी परीक्षण होखे नईखे सकल ।
पर्सा मे कोरोना सङ्क्रमित के सङ्ख्या लगातार घटेके क्रम मे रहल बा । वैशाख मे उत्कर्ष मे पुगल कोरोना सङ्क्रमण दर जेठ के पहिलका हप्ता से घटत जा रहल बा । स्थानीय प्रशासन से निषेधाज्ञा जारी करके कडाई कईला के बाद कोरोना सङ्क्रमित के सङ्ख्या घटत गईल बा ।
नारायणी अस्पताल के कोभिड संयोजक डा सरोज रोशन दास के मुताविक सोमार तक पर्सा के १९, बारा के १२, सर्लाही मे ९, रौतहट के दु आ धनुषा के एक करके ४३ जने सङ्क्रमण पुष्टि भईल बा । ९ से ७४ बरीस उमिर तक के सङ्क्रमित रहल उलोग के सिटी भ्यालु १५ से ३५.२ तक रहल बा ।





