पुलीस के भिडियो खिचल कहत मेडिकल कर्मचारी उपर डिएसपी कार्की के अत्याचार

वीरगंज १२ जेठ

जिल्ला प्रहरी कार्यालय पर्सा के प्रहरी नायब उपरिक्षक (डिएसपी) प्रह्लाद कार्की मेडिकल के कर्मचारी उपर बर्दी के धाक देखावत पिटपाट कईले बाडन ।

वीरगंज–८, पानीटंकीस्थित प्याथो सर्जिकल हाउस के कर्मचारी अफरोज महमद के डीएसपी पिटले बाडन । डिएसपी कार्की ‘पुलीस के भिडियो काहे खिचली ?’ कहत बुध के दिने अहमद के पिटले बाडन ।

भिडियो फुटेज मे पुलीस कार्की लात आ लाठी से उनका के पिटल देखल गईल बा ।

मोवाईल से भिडियो खिचल आरोप मे अफरोज के कार्की अमानवीय तरिका से पिटल स्वास्थ्यकर्मी करण पटेल बतवनी । ‘पिटला के बाद उनकर मोवाईल भी छिन के लेगईल बाडन’ कहत पटेल– ‘मोवाइल फिर्ता देहल गईल नईखे ।’

मेडिकल के कर्मचारी पुलीस उपर हाथपात भईल भिडियो बनावल एसपी बेलबहादुर पाण्डे बतवनी ।

‘हमनी के पुलीस उपर हाथपात भईल भिडियो बनईला से पिटपाट कईल बा’ कहके गैरजिम्मेवारीपूर्ण जवाफ देत एसपी पाण्डे– ‘कुछ दिन पहिले के घटना ह, हमनी के पुलीस उपर हाथपात भईल भिडियो उ बनवले रहलन ।’ डिएसपी कार्की से पिटपाट कईल बात पाण्डेले स्वीकार कईले बाडन । ‘उ समय पुलीस के हाथपात करेवाला चार जने थुना मे बाडन ।’ एसपी पाण्डे पुरानो घटना कहला पर भी पीडित पक्ष बुध के सबेरे १० बजे के घटना भईल बतवले बाडन ।

स्वास्थ्यकर्मी तथा प्याथो सर्जिकल हाउस के सञ्चालक करण पटेल उ घटना बुध के सबेरे के रहल दाबी कईले बाडन । उ कहनी– ‘आजु सबेरे १० बजे के घटना ह, पुराना घटना से कउनो सम्बन्ध नईखे ।’ डिएसपी कार्की से पिटल भिडियो फुटेल सामाजिक सञ्जाल मे भाईरल भईल बा । सामाजिक सञ्जाल मार्फत डिएसपी कार्की उपर कडा से कडा कारवाही के माग कईले बाडन ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।