प्रदेश २ के नीति तथा कार्जक्रम पारित

जनकपुरधाम ३० जेठ,

प्रदेश २ सरकार से प्रस्तुत कईल आर्थिक बरीस २०७८÷७९ के नीति तथा कार्जक्रम पारित भईल बा ।
नीति तथा कार्जक्रम उपर सांसदलोग से राखल सवाल के एतवार के दिने मुख्यमन्त्री लालबाबु राउत जवाफ देहला के बाद पारित भईल बा ।

नीति तथा कार्जक्रम पारित करावे खातिर सत्तारुढ जनता समाजवादी पार्टी के संसदीय दल ह्वीप लगवले रहे ।
नीति तथा कार्जक्रम मे शनिचर आ एतवार के करके २६ जने आपन धारणा रखले रहे ।

सांसदलोग के जिज्ञासा के सम्बोधन करत मुख्यमन्त्री राउत नीति तथा कार्जक्रम के कार्यान्वयन पक्ष सशक्त बनाके लेजाएके प्रतिवद्धता जनवले रहलन ।

माओवादी सांसद ना लेहलन संशोधन फिर्ता
नीति तथा कार्जक्रम उपर नेपाली कांग्रेस के सांसद शिवचन्द्र चौधरी, एमाले के सीता गुरुङ आ सुन्दरबहादुर विश्वकर्मा तथा माओवादी केन्द्र के दिलीप साह संशोधन प्रस्ताव दर्ता करवले रहनी ।

माकिर नेकपा माओवादी केन्द्र के सांसद साह बाहेक आउर से संशोधन प्रस्ताव फिर्ता लेहलें ।
साह के प्रस्ताव प्रदेशसभा के बहुमत से अस्वीकृत भईल रहे ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।