छिपहरमाई गा.पा. के १२ वाँ गाँवसभा पुरा

पोखरिया ०९ असाढ
पर्सा जिल्ला के छिपहरमाई गाँवपालिका के १२ वाँ गाँव सभा आर्थिक बरीस २०७८÷०७९ के नीति तथा कार्जक्रम मे ४० करोड ५२ लाख बराबर के अनुमानित बजेट गाँवपालिका के प्रमुख प्रसाशकिय अधिकृत देवनाथ साह प्रस्तुत कईले बानी ।
छिपहरमाई गाँवपालिका के १२ वाँ गाँव सभा के उदघाटन गाँवपालिका कार्यालय के सभा हल मे गाँवपालिका अध्यक्ष मनोज कुमार गुप्ता एक कार्जक्रम के बिच उदघाटन कईले रहनी । गाँव सभा से २०७८÷०७९ के बजेट मे छिपहरमाई गाँवपालिका अध्यक्ष मनोज कुमार गुप्ता नयाँ योजना गापा मे लागू कईले बानी । गरिब, दलित, अतिबिपन परिवार के बेटी के बियाह मे कन्यादान राशी देवेके घोषणा कईल गापा अध्यक्ष गुप्ता बतवनी । गरिब, दलित बिपन परिवार के बेटीलोग के बियाह मे कन्यादान राशी से उ परिवार के बडका सहजाजेग पुगेके गापा अध्यक्ष गुप्ता बतवले बानी । छिपहरमाई गाँवपालिका मे जन्म लेवेवाला लइकीलोग के दु लाख के लइकी स्वर्ण बिमा कार्जक्रम संचालन मे रहला से बिमा कार्जक्रम के निरन्तरता देहले बानी ।
जनमला के ३५ दिन भितर जन्मदर्ता बनाके गाँवपालिका मे पेस कईला के बाद गाँवपालिका उ लइकी २० हजार बराबर के एकमुस्ट रकम बैंंक मे बुझईला के बाद बीस बरीस मे लइकी के शिक्षा आ बियाह के खातिर दु लाख आवेवाला ई रोपेया से सहजोग पुगेके गाँवपालिका अध्यक्ष मनोज कुमार गुुुप्ता बतवनी । अभी के बजेट मे बिषेश प्राथमिकता शिक्षा आ स्वास्थ्य के साथे बेटीलोग के बियाह मे कन्यादान राशी, बालिका स्वर्ण बिमा कार्जक्रम, साना किसानलोग के घर परिवार मे, धुवामुक्त ग्यास चुलो, ग्यास सलेन्डर बितरण करेके योजना रहल गापा अध्यक्ष गुप्ता बतवले बानी ।
गाँवपालिका मे रहल जेस्टनागरिक, एकल महिलालोग के सम्मान कार्जक्रम करेके, गाँवपालिका मे रहल बिद्यार्थीलोग के निशुल्क कोचिङ के ब्यवस्थापन मिलावेके साथे सिफारिस शुल्क ना लेवेके गापा अध्यक्ष गुप्ता बतवले बानी । हरेक वार्ड मे वार्ड आ गाँवपालिका मे बराबर बिकास निर्माण आ आउर काम के रोपेया बिनियोजजन कईल बा ।
नेपाल सरकार से सर्शत अनुदान अन्तर्गत रु १३ करोड ६२ लाख, बितिय समिकरण ११ करोड ३६ लाख ६२ हजार, राजस्व बाडफाड ६ करोड २७ लाख लगायत रहल बा । स्वास्थ्य, शिक्षा, पोषण, बाल संरक्षण तथा सरसफाइ विपद जोखिम न्यूनीकरण आ बाल केन्द्रित योजना कार्जक्रम के खातिर नेपाल सरकार आ आउर से आवेवाला अनुमानित बजेट जम्मा ४०करोड ५२ लाख के अनुमानित बजेट प्रस्तुत साह कईले बानी ।
गाँवपालिका अध्यक्ष मनोज कुमार गुप्ता के अध्यक्षता मे भईल कार्जक्रम मे उपाध्यक्ष मोदिना खातुन, जिल्ला समन्वय समिति पर्सा के सदस्य सुबास साह, ज्ञानबहादुर साह, वार्ड अध्यक्ष राजबली यादव, महेन्द्र साह कलवार, बिनोद साह, बालक गदी, मौजिलाल साह, ईन्जिनियर प्रकास कुमार गुप्ता, लेखापाल सागर महराठा, प्रसांत कुमार गुप्ता, आईटी औफिसर संजिव यादव, स्वास्थ्य संयोजक शम्भु साह लगायत कार्यपालिका सदस्य आ गाँवपालिका के सर्वसाधारण के सहभागीता रहल रहे ।






