मौलापुर के नगरसभा मे झडप, प्रहरीद्वारा अश्रुग्यास प्रहार

रौतहट १० असाढ

रौतहट के मौलापुर नगरपालिका के नगरसभा मे झडप भईल बा ।

बियफे के दिने नगरसभा के बिथोले खातिर विपक्षी समूह ईटापथल चलावे लागला के बाद पुलीस बल प्रयोग कईले बा । स्थिति के नियन्त्रण मे लेवे खातिर पुलीस दु दर्जन सेल अश्रुग्यास भी प्रहार कईले बा । झडप के समय मे दु पुलीस सहित चार जने घायल भईल पुलीस जनवले बा ।

मौलापुर के नगरसभा मे नेकपा एमाले के नेता प्रभु साह प्रमुख अतिथि रुप मे रहलन । पूर्वमन्त्री भी रहल साह नेकपा माओवादी केन्द्र छोडके कुछ समय से पहिले मात्र एमाले प्रवेश कईले बाडन ।

तनाव के बीच मौलापुर नगरपालिका आपन पाच वाँ नगरसभा सम्पन्न कईले बा ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।