बारा के गाँव–गाँव मे छठघाट सजावट

बारा के गाँव–गाँव मे छठघाट सजावट

प्रभु यादव

बारा २ अगहन

बारा जिल्ला के हर गाँव–गाँव के छठीघाट सजावट कर के समाज के भक्तजनलोग झिलमिली बना देहले बाडन ।

कलैया उपमहानगरपालिका के वार्ड नम्वर १ के रामजानकी मन्दिर, सिद्धेश्वरनाथ महादेव मन्दिर, भवानीपुर, कलैया गाँव, रामपुर, बरेवा, बरियारपुर, सिम्रौनगढ, बेनौली, गंजभवानीपुर, प्रसौनी, जितपुर लगायत के छठीघाट झकमक कर रहल बा । स्थानिय तह के सहजोग आ गाँव समुदाय के लोग के सहजोग मे घाट सभे सजावल गईल कलैया २ के विरेन्द्र यादव जनकारी करावले बानी ।

गोबद्र्धन पुजा के विहान भईला से सुबह मे सुर्य भगवान के पुजा करके पवनी के सुरूवाती होखेला कहके लालबाबु राम जनकारी करावले बानी । छठ के पहिलका दिन नहाय खाए, दुसरका दिन रसियाव रोटी, तिसरका दिन यानिकी मुख्य दिन सँझिया घाटे डुब रहल सूर्य के अर्घ देहल जाला आ चउथका दिन अन्तिम दिन उग रहल सूर्य के अर्घ देके छठ के समापन होला कहके राम बतावले बानी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।