बजेट छलफल मे विवाद भईला के बाद प्रदेश २ के प्रदेशसभा बईठक ८ दिन के खातिर स्थगित

जनकपुरधाम १५ असाढ
प्रदेश–२ के प्रदेश सभा बईठक बिना बईठले स्थगित भईल बा । मंगर के दिनके २ बजे के खातिर बोलावल गईल बईठक बिना बईठले स्थगित भईल बा ।
प्रदेशसभा मे बितल असाढ १ गते प्रस्तुत कईल आवेवाला आ.ब. २०७८–७९ के बजेट उपर छलफल करेवाला किसिम से मंगर के दिने के बईठक आह्वान कईल रहे । मंगर के दिने बिना बईठले स्थगित भईल बईठक अब असाढ २३ गते बईठेके प्रदेश सभा सचिवालय के सचिव रंजित यादव जानकारी देहनी ।
बितल असाढ १ गते प्रदेश सभा बईठक मे आर्थिक मामिला तथा योजना मन्त्री विजय यादव बजेट प्रस्तुत कईले रहनी । बजेट प्रस्तुति के बाद उहे दिने बईठल दोसर बईठक विपक्षी सांसद अवरुद्ध कईले रहलन ।
संसदीय विकास कोष के रकम बृद्धि ना कईल कहत नेकपा एमाले आ नेकपा माओवादी केन्द्र से अवरुद्ध कईला के बाद मंगर के खातिर बईठक आह्वान कईल रहे । माकिर, संसदीय विकास कोष के रकम वृद्धि के बारे मे प्रदेश सरकार से छलफल ना कईला के बाद बईठक फेनु अवरुद्ध होखेके आशंका मे प्रदेश सभा बईठक बढावल गईल बा ।
विपक्षी दल के सांसद प्रत्यक्ष निर्वाचित सांसद के ५ करोड आ समानुपातिक सांसद के २ करोड ५० लाख उपलब्ध करावेके माग कईले बाडन । सरकारी बजेट फ्रिज हो रहल आ सांसद के निर्वाचन क्षेत्र विकास के खातिर देहल गईल बजेट से पूरा काम हो रहल उलोग के दावी बा ।
प्रदेश सभा बईठक शुरु ना भईला से बजेट उपर के छलफल प्रारम्भ होखे सकल नईखे ।





