भारत से लागूऔषध लिया रहल समय युवती सहित दु जने पकडईलें

सप्तरी २० असाढ
भारत से लागूऔषध लिया रहल एक युवती सहित दु जने के सप्तरी से सशस्त्र पुलीस एतवार के दिने पकडले बा ।
पकडाएवाला मे सप्तरी के सुरूङा नगरपालिका ९ रहेवाला ३० बरीस के रोमा विक आ उदयपुर के त्रियुगा नगरपालिका ११ रहेवाला ३३ बरीस के चोलाधर पोखरेल बाडन ।
उलोग के जिल्ला के हनुमाननगर कंकालिनी नगरपालिका १४ स्थित रम्पुरा मल्हनियाँ से पकडल गईल सशस्त्र प्रहरी उपरीक्षक राजु श्रेष्ठ जानकारी देहनी ।
उनका मुताविक उलोग के साथ से डाइलेक्स डिसी १० एमएल के १० थान, नाइट्रेजेपेम आइपी ट्याब्लेट २० थान आ स्पास्पोर मोनप्लस १४४ थान बरामद भईल बा । लागूऔषधसहित पकडाईललोग के नेपाल पुलीस के जिम्मा लगावेके उ बतवनी ।






