ओम शिवशक्ती आ सुविधा साकोसद्धारा गरिब, बिपन्न के सहजोग

वीरगंज ०२ चईत

ओम शिवशक्ती बचत तथा ऋण सहकारी संस्था लि. आ सुबिधा बचत तथा ऋण सहकारी संस्था लि.द्वारा होलि के अवसर मे मसला, अविर सहित कपडा बँटले बा ।

वीरगंज महानगरपालिका के अनेकन वार्ड मे रहेवाला गरिब विपन्न परिवर के होली के अवसर मे सहजोग कईल जनावल गईल बा । बुध के दिने सहकारी संस्थाद्वारा होली मिलन कार्जक्रम के आयोजना करके गरिब विपन्न परिवर के कपडा तथा खाद्यान सामान सहजोग कईल गईल बा ।

वीरगंज महागरपालिका मानियारी टोल मे एक सय पचिस जने जनानीलोग के होली के अवसर मे मसला, अविर सहित कपडा वितरण कईल बा । महानगर के २२ नम्बर वार्ड मे रहल दलित बस्ती के मालाह, मुसहर लगायत विपन्न परिवरवार के जनानी तथा बुढलोग के कपडा बाँटल गईल बा । ई बरीस के होली विपन्न परिवार मे सहज होखो कहके उदेश्य के साथ जनानी, बुढ के कपडा आ लईकालइकी के नास्ता बाँटल गईल ओम शिवशक्ती बचत तथा ऋण सहकारी संस्था लि. के कार्यकारी प्रमुख अधिकृत अरुण कुमार साह बतवनी ।

ओम शिवशक्ती साकोस के अध्यक्ष कलिष्टर साह के सभापति मे भईल कार्जक्रम मे प्रमुख अतिथि नेपाल वार ऐशोसिएसन नेपाल के उपाध्यक्ष रामचन्द्र सिंह थोपा थोपा से समुन्द्र बनेला आजु के वचत भविष्य बनल बतवनी । कार्जक्रम के युवा व्यवसायी विनोद साह, जिल्ल वचत तथा ऋण सहकारी के महासचिव जिषणु बराल तथा सुबिधा बचत तथा ऋण सहकारी संस्था लि. के शम्मी अग्रवाल, ओम शिवशक्ती बचत तथा ऋण सहकारी संस्था परवानीपुर के ब्रान्च प्रमुख अनिल साह, अश्रिविनि अग्रवाल, डा. आनन्द रौनियार लगायत के लोग आपन आपन बिचार रखले रहनी । कार्जक्रम संचालन संस्था के प्रबन्धक उमेश प्रसाद यादव कईले रहनी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।