काँग्रेसी नेता कुर्मी के १३ वाँ दिन के पुण्यतिथि मे श्रद्धाञ्जली सभा

वीरगंज २८ असाढ
प्रजातन्त्र स्थायीत्व के खातिर सभी प्रजातन्त्र शक्ति एक भईल जरुरी रहल नेपाली कांग्रेस के केन्द्रिय सदस्य रमेश रिजाल बतवले बानी ।
कालिकामाई गाँवपालिका अध्यक्ष के प्रत्यासी तथा पुर्ब गाविस अध्यक्ष राजेन्द्र कुमार कुर्मी के निधन के १३ वाँ दिन के पुण्य तिथी मे आयोजित श्रद्धान्जली सभा के सम्बोधन करत नेता रिजाल प्रधानमन्त्री केपी शर्मा ओली देश के एकलौटी हुकुमी शासन करेके खोजल आ संबिधान बिपरित देश के संचालन करे खोजल आरोप लगवनी ।
ओलीद्वारा विगठित प्रतिनिधि सभा सर्वाेच्च से पुनःस्थापना कईल निर्णय के स्वागत करत उ अदालत के परामादेश मुताविक अब शेरबहादुर देउवा प्रधानमन्त्री बनेके बतवनी ।
उ नेता कुर्मी के निधन से पार्टी के बडका नोक्सानी पुगल बतवनी । कुर्मी कालिकामाई के मात्र ना होके पर्सा जिल्ला के नेता रहलन ।
पार्टी एक कुशल, कर्मठ, ईमान्दार आ प्रजातन्त्र के खातिर आपन समर्पण कईले रहलन आ सारा जीवन पार्टी के खातिर निर्वाह कईलन कहत नेता रिजाल नेता कुर्मी के उदेश्य प्राप्ती के खातिर गाँवपालिका सहित हमनी सभी एक साथ रहल प्रतिबद्धता जनवनी ।
नेपाली कांग्रेस पर्सा क्षेत्र नम्बर ४ के आयोजना मे भईल श्रद्धान्जली सभा मे प्रदेश २ के प्रदेश सदस्य शंकर चौधरी, महासमिती सदस्य बशिष्ठनारायण कुर्मी, बृहस्पतिकृष्ण श्रेष्ठ, जिल्ला सचिव किशोरी साह कानु, श्याम पटेल, जिल्ला सदस्य नविन सिंह, पंचानन्द मिश्रा, धर्मेन्द्र पटेल, क्षेत्रीय सचिव बलिस्टर अहम्मद, छठु साह लगायत के लोग फुलमाला सहित श्रद्धान्जली अपर्ण करत उनकर निधन उपर शोकमन्तब्य राखत सराहाना कईले रहलन ।
कार्जक्रम मे पुर्ब संबिधान सभा सदस्य प्रधुमन चौहान, नेपाल शिक्षक महासंघ पोखरीया के अध्यक्ष प्रर्बत ठाकुर, कालिकामाई गाँवपालिका के वार्ड नं. १ के वार्ड अध्यक्ष रामाशिष यादव, कालिकामाई गाँव कार्यपालिका सदस्य रामानन्द ठाकुर, स्थानिय अगुवा रजाक राउत गदी, संजय साह गोढ लगायत नेता कार्यकर्तालोग के सहभागीता रहल रहे ।
कार्यवाहक क्षेत्रिय अध्यक्ष रामेश्वर महतो के अध्यक्षता मे भईल कार्जक्रम के संचालन क्षेत्रिय सचिव श्रीकान्त यादव कईले रहलन ।





