पर्सा वन के ३८२ हेक्टर जमिन अतिक्रमण, खाली करावेमे समस्या

वीरगंज ३१ असाढ
डिभिजन वन कार्यालय पर्सा मातहत ११ हजार ६० हेक्टर क्षेत्रफल मे रहल वनजंगल के जमिन मेसे ३ सय ८२ हेक्टर जमिन अतिक्रमण के शिकार बनल बा ।
पर्सा जिल्ला के सखुवाप्रसौनी गाँवपालिका, पर्सागढी नगरपालिका, पटेर्वासुगौली गाँवपालिका तथा जिराभवानी गाँवपालिका लगायत के स्थानीय तह के मातहत मे रहल जंगली क्षेत्र मे पर्सा लगायत अनेकन पहाडी जिल्ला से आईल सर्वसाधारणलोग वस्ती बनाके करिब पौने ४ सय हेक्टर वन जंगल के जमिन अतिक्रमण कईले बाडन ।
पर्सा के सुखवाप्रसौनी गाँवपालिका वार्ड नं. १ मे पडेवाला सखुवनिया गाँव लगेके वनजंगल मे मकवानपुर से आईल १६ घर परिवार वन के जमिन अतिक्रमण करके बस्ती हि बनवले बाडन । मकवानपुर के अनेकन जगहा से तराई आईल चेपाङ्ग एवं तामाङ्ग समुदाय के १६ परिवार अभी जंगल के बीच मे हि बस्ती निर्माण करके बसोबास करत आईल बाडन । बस्ती के साथे अगल बगल मे रहल जंगल के जमिन अतिक्रमण करके धान, मकईं, तिल एवं झाडी के बीच मे लागु औषध गाँजा के भी खेती करत आईल बाडन ।
सखुवाप्रसौनी गाँवपालिका के सखुवनिया एवं नयाँ बस्ती के सर्वसाधारणलोग मात्र ६० हेक्टर के हाराहारी मे वन के जमिन अतिक्रमण कईल जिल्ला डिभिजन वन कार्यालय पर्सा के अधिकृत रेयाज अन्सारी बतवनी । उनका मुताविक पर्सा जिल्लाभर वनजंगल के अतिक्रमित जमिन खाली करावेके अभियान के समय मे अनेकन जगहा मे विवाद भी उत्पन्न हो रहल बतवनी । सखुवाप्रसौनी गाँवपालिका अन्तर्गत अतिक्रमित जमिन खाली करावेके खोजला पर स्थानीय विरोध कर रहला के चलते तारबार लगावे मे समस्या भईल बा ।
वितल ३० वाँ बरीस से अतिक्रमित जमिन खाली करावेमे अभी समस्या भईल बा । वन के जमिन खाली करावेके समय मे सखुवनिया मे २८ गते सोमार के दिने वन के कर्मचारी एवं स्थानीय बीच कडा विवाद भी भईल रहे । वन के कर्मचारीलोग पिलर हलाके तारवार लगावत कईल अवस्था मे दिनके अचानक गाँवकेलोग के आईल भीड विवाद उत्पन्न करत पिलर गिरवले रहलन । खुदसब बितल लम्हर समय से हकभोग करत आईल आ गरिब, विपन्न परिवार के इहे जमिन साहारा रहल कहत एकर विकल्प मे सरकार से कुछ जमिन उपलब्ध कराके मात्र हकभोग करत आईल जमिन मे तारबार लगावेके स्थानीय के कहनाम बा ।
वन के जमिन अतिक्रमण करके मानव बस्ती बढत गईल अवस्था मे जंगली जनावरसब मानव वस्ती मे प्रवेश करके जनधन के नोक्सानी कईला के साथे वन जंगल भी कम होत गईल अवस्था मे नेपाल सरकार के निर्देशन मुताविक डिभिजन वन कार्यालय अतिक्रमित जमिन खाली कराके वृक्षारोपण अभियान संचालन कईल अधिकृत अन्सारी के कहनाम बा ।
वन अतिक्रमण जमिन खाली करावेके अभियान के समय मे पर्सा के अनेकन स्थानीय तहसब मे १ सय ३६ हेक्टर अतिक्रमित वन के जमिन खाली कराके वृक्षारोपण भी कईल अन्सारी के कहनाम बा । पर्सागढी नगरपालिका अन्तर्गत पडेवाला सवैया साझेदारी वन के अतिक्रमित जमिन २७ हेक्टर, पटेर्वासुगौली गाँवपालिका अन्तर्गत भतौडा मे अतिक्रमित ६० हेक्टर, जिराभवानी गाँवपालिका अन्तर्गत सुगीभार मे अतिक्रमित ४९ हेक्टर करके १३६ हेक्टर अतिक्रमित जमिन खाली कराके अनेकन प्रजाति के विरुवासब के वृक्षारोपण भी कईल उनकर कहनाम बा ।
मकवानपुर जिल्ला से आईल चेपाङ्ग एवं तामाङ्ग समुदाय के उ आदमीसब अभी अतिक्रमित जमिन खाली करेमे आनाकानी कर रहल बाडन । स्थानीय तह के नेतालोग भोट के राजनीति करे खातिर उ समुदाय के भूमि आयोग से लालपुर्जा मिलेके कहके प्रलोभन देखईला के चलते भी उलोग जमिन खाली करेमे आनाकानी कर रहल बाडन । बितल दु तीन बरीस से मात्र जंगल के जमिन अतिक्रमण करके रहल उ आदमीसब १०÷१५ बरीस से खुदसब इहे रहत आईल बतावे लागल बाडन । एक परिवार ५ से १५ हेक्टर तक जग्गा अतिक्रमण करके अनेकन बालीसब उब्जनी करत आईल बाडन ।






