वीरगंज मे किलास ६ आ ७ के भी भौतिक उपस्थिति मे पढाइ होखी ः वीमनपा

वीरगंज १२ भादो

वीरगंज मे एतवार से किलास ६ आ ७ के भी भौतिक उपस्थिति मे किलास सञ्चालन होखेके जनावल गईल बा । वीरगंज महानगरपालिका के शिक्षा शाखा एक सूचना जारी करत एतवार से किलास ६ आ ७ के भी भौतिक उपस्थिति मे पठनपाठन सचालन करे खातिर विद्यालयसब के निहोरा कईले बा ।

सावन ३० गते से किलास ८ से १२ तक के विद्यार्थी के भौतिक उपस्थिति मे पढाइ हो रहल बा । वीरगंज मे ८७ गो सामुदायिक विद्यालय आ १४४ गो अनुमति प्राप्त संस्थागत विद्यालय बा । सामुदायिक विद्यालय मेसे ६ गो मे किलास १२, १४ गो मे किलास १०, १२ गो मे किलास ८ तक पढाइ होखेला आ ५५ गो विद्यालय प्राथमिक तह के बा ।

महानगरपालिका के शिक्षा महाशाखा प्रमुख अरविन्द लाल कर्ण के मुताविक विद्यालय सञ्चालन के खातिर परिस्थिति अनुकुल देखल गईला से आउर किलाससब भी भौतिक उपस्थिति मे करावे लागल बा । ‘वीरगंज मे कोरोना संक्रमण खासे फईलल नईखे, अभी तक स्थिति अनुकुल हि देखल गईल बा’ कहत उ, ‘ओहिसे किलास ६ आ ७ के भी भौतिक उपस्थिति मे सञ्चालन करेके कहल गईल बा ।’

उ विद्यालय मे स्वास्थ्य सुरक्षा सतर्कता के मापदण्ड अनिवार्य पालना करे आ करावे खातिर निर्देशन कईल जानकारी देहनी । माकिर अधिकांश संस्थागत विद्यालय से निचलका तह के किलास भी भौतिक उपस्थिति मे सञ्चालन करत आईल बा ।

कोरोना महामारी रोकथाम तथा नियन्त्रण के खातिर पर्सा मे वैशाख १६ गते से निषेधाज्ञा लगावल गईल रहे । जउना के चलते विद्यार्थी के पढाइ लम्हर समय से प्रभावित होत रहे । निजी विद्यालय आ कुछ सामुदायिक विद्यालयसब उपरला किलास के अनलाइन प्रविधि मार्फत पठनपाठन करावत आईला पर भी सामुदायिक विद्यालय के अधिकांश विद्यार्थी पढेसे वञ्चित रहलन ।

वीरगंज महानगरपालिका सावन २७ गते सरोकारवाला से छलफल कईला के बादय दुसरका बेर विद्यार्थी के भौतिक उपस्थिति मे विद्यालय सञ्चालन करेके कहके सूचना जारी कईले रहे । कोरोना संक्रमण घटला के चलते महानगर असाढ १५ गते से हि विद्यालय सञ्चालन करेके तइयारी कईले रहे ।

माकिर जिल्लास्तरीय कोभिड–१९ व्यवस्थापन समिति निषेधाज्ञा सहज करके बजार खोलेके निर्णय कईला पर भी विद्यालय सञ्चालन मे रोक लगईला के बाद विद्यालय खुले सकल ना रहे । विद्यालय सञ्चालन सम्बन्धी कार्य ढाँचा, २०७७ मुताविक पहिलका चरण मे जनस्वास्थ्य मापदण्ड के पालना करत किलास सञ्चालन हो रहल महानगरपालिका जनवले बा ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।