दु दिवसीय अनलाईन उत्पत्ति के प्रमाणपत्र सम्बन्धी तालिम पुरा

वीरगंज २४ भादो

नेपाल उद्योग वाणिज्य महासङ्घ आ भंसार विभाग के संयुक्त तत्वावधान मे दु दिवसीय उत्पत्ति के प्रमाणपत्र सम्बन्धी तालिम सङ्घ के कार्यकक्ष मे पुरा भईल ।

पिछिलका समय से उत्पत्ति के प्रमाणपत्र (सर्टिफिकेट अफ ओरिजिन) के सिङ्गल विन्डो सिस्टम मार्फत् अनलाईन इन्ट्री करेवाला व्यवस्था नेपाल सरकार भंसार विभाग अगाडि बढईला के बाद उत्पत्ति के प्रमाणपत्र जारी करेके उद्योग वाणिज्य सङ्घसब के अब से अनलाईन मार्फत् जारी करेवाला किसिम से पहल करेके आ उ सम्बन्ध मे निर्यातकर्ता आ उद्योग वाणिज्य सङ्घसब के भूमिका के बारे मे प्राविधिकलोग दु दिने तालिम के अवसर मे विस्तृत रुप मे बतवले रहलन । स्थलगत रुप मे निर्यातकर्ता आ जारी करेवाला संस्था उद्योग वाणिज्य सङ्घ के सचिवालय के कर्मचारीलोग के अनलाईन जारी कईला पर अवलम्बन करेके प्रक्रिया के सम्बन्ध मे भंसार विभाग के प्राविधिज्ञ आ नेपाल उद्योग वाणिज्य महासङ्घ के प्राविधिक सम्मिलित टोली तालिम देहले रहलन ।

एकरा से पहिले वीरगंज उद्योग वाणिज्य सङ्घ भंसार विभाग के उपमहानिर्देशक श्यामप्रसाद भण्डारी, निर्देशक सूर्यप्रसाद सेढाई तथा वीरगंज भंसार के मुख्य भंसार प्रशासक विश्वप्रकाश अर्याल सँगे सङ्घ के कार्यकक्ष मे भेटघाट करके भंसार लगायत व्यापार सहजीकरण के बारे मे विस्तृत छलफल करत अनलाईन उत्पत्ति के प्रमाणपत्र जारी करेके विषय मे व्यापक छलफल आ बतकही भईल रहे ।

कार्जक्रम मे सङ्घ के अध्यक्ष सुबोधकुमार गुप्ता अनलाईन सिओ जारी करेवाला किसिम से भंसार विभाग से सुरु कईल अभियान के सफलीभूत बनावे खातिर वीरगंज उद्योग वाणिज्य सङ्घ अग्रगामी भूमिका मे रहेके बतावत दु दिवसीय तालिम से उद्योग वाणिज्य सङ्घ के कर्मचारी आ निर्यातकर्तालोग के बहुते सहज भईल आ आवेवाला दिन मे भी ई सम्बन्ध मे तालिम÷प्रशिक्षण हो रहल बात मे जोड देहले रहनी ।

कार्जक्रम मे भंसार विभाग के उपमहानिर्देशक श्यामप्रसाद भण्डारी, वीरगंज भंसार के मुख्य प्रशासक विश्वप्रकाश अर्याल आ भंसार विभाग के निर्देशक सूर्यप्रसाद सेढाई अनलाईन तथा सिङ्गल विन्डो सिस्टम के बारे मे विस्तृत रुप मे जानकारी करावत एकरा से पहिले हमनी म्यानुअल रुप मे काम कईला पर समय बसी लागेके बतवले रहलन । कार्य सम्पादन मे लागत तथा झन्झट आ सरकार तथा सेवाग्राही दुनु पक्ष सन्तुष्ट ना रहेके अवस्था के निरुपण करे खातिर ई अनलाईन÷सिङ्गल विन्डो सिस्टम वितल समय मे कर्मचारीलोग आपन टेबल मे आईल फाइल थन्काके काम ना करेवाला प्रवृत्ति के भी निरुत्साहित करत कर्मचारी के जिम्मेवार आ उत्तरदायी बनावेके आ सेवाग्राहीलोग भी आपन काम सहजतापूर्वक कम समय आ कम लागत मे सम्पादन करेवाला भईला से एकर महत्व आ उपयोगिता आजु के परिवर्तित समय मे बढल बिचार रखले रहनी ।

पर्सा–बारा के करके २० जने के सहभागिता रहल उ तालिम कार्जक्रम के प्रशिक्षक धनबहादुर प्रजापति, मिलाप श्रेष्ठ, अरुण पौडेल, ईश्वरकुमार सिंह, अर्जुन श्रेष्ठ देहले रहनी । कार्जक्रम के सहजीकरण मनोज उपाध्याय कईले रहनी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।