ऋषि पञ्चमी के पूजा करके तीज बितल

वीरगंज २६ भादो
नेपाली नारीलोग के महान पर्व तीज के अन्तिम दिन शनिचर के दिने ऋषि पञ्चमी के पूजा करके पुरा भईल बा । कोभिड—१९ महामारी के चलते ई बरीस भी स्वास्थ्य मापदण्ड अपनाके तीज पर्व मनाके पुरा भईल बा ।
कोरोना महामारी के चलते बन्द रहल पर्सा के अधिकांश शिव मन्दिर कोरोना संक्रमण कम होत गईला के बाद तीज मे खुलल रहे । स्वास्थ्य मापदण्ड आ सामाजिक दूरी कायम करके मन्दिर खुला कईल रहे । पर्सा के माईस्थान मन्दिर, अलखियामठ लगायत के अनेकन मठ मन्दिर मे पञ्चमी के पूजा कईल बा । हरितालिका तीज मे व्रत रहल जनानीलोग खास करके पञ्चमी के दिन विधिपूर्वक स्नान करके शुद्ध होके सप्तऋषि को पूजा करेली ।
भाद्र शुक्ल पञ्चमी के दिन मनावेवाला ऋषिपञ्चमी मे जनानीलोग सबेरे उठ के नित्य कर्म करके लगेके नदी, खोला, ताल, तलैया आ पोखरा मे जाके ३६५ गो दत्तिवन से दाँत माजेके, गाई के गोबर, माटी एवं खरी लगाके स्नान करेली । पर्सा जिल्ला के अनेकन नदी, पोखरा के किनार मे व्रत रहल जनानीलोग पञ्चमी के पूजा कईली । ओकरा बाद दिन मे शुद्ध निराहार रहके ऋषि पञ्चमी के काथा सुनले रहली ।






