पटेर्वासुगौली गा.पा. के ७ वाँ गाँव सभा से अनुमानीत बजेट ३६ करोड ८९ लाख २६ हजार

पोखरिया ७ कुवार
पर्सा के पटेर्वासुगौली गाँवपालिका के सात वाँ गाँव सभा से आर्थिक बरीस २०७८÷०७९ के बार्षिक अनुमानीत बजेट ३६ करोड ८९ लाख २६ हजार १३ रोपेया बराबर के बजेट सार्वजनिक कईल बा ।
गाँवपालिका अध्यक्ष हरिनारायण चौधरी के अध्यक्षता मे भईल सात वाँ गाँव सभा मे गाँवपालिका उपाध्यक्ष ममता महतो चालू आर्थिक बरीस के बजेट बिनयोजित रकम प्रस्तुत कईले रहनी । आय नेपाल सरकार ओरी बितिय समानिकरण अनुदान १० करोड १४ लाख, सशर्त अनुदान ओरी १४ करोड ४८ लाख, विशेष अनुदान २ करोड ८० लाख, राजस्व बाडफाड ६ करोड ७० लाख ४१ हजार, समपूर्ण अनुदान २० लाख, सवारि साधन ओरी ३१ लाख ४८ हजार सर्बसहमती से अनुमोदन कईल रहे ।
बजेट मे शिक्षा, स्वास्थ्य, कृषि, पर्यटन, पशु, महिला बालबालिका, जेष्ठ नागरिक आ भौतिक निर्माण ओरी विशेष प्रथमिकता मे राखल गईल बा । ७ वाँ गाँव सभा गाँवपालिका के सभा हल मे पुरा भईल रहे । गाँवसभा कार्जक्रम मे गाँवपालिका के निमित प्रमुख प्रसाशकिय अधिकृत भुजेन्द्र प्रसाद यादव, वार्ड अध्यक्ष बिजय गैरे, फरमान मियाँ, माधव राउत थारु, राजेश्वर महतो, मोतिलाल साह तेली लगायत के लोग आपन आपन बिचार रखले रहनी ।
गाँवसभा कार्जक्रम मे कार्यपालिका सदस्य जवाला गिरी, अमिन मियाँ, दुखि प्रसाद, पाँचु वार्ड के जनानी आ पुरुष सदस्य, समाजिक बिकास प्रमुख बिरेन्द्र चौधरी, योजना साखा प्रमुख राजकुमार महतो, उर्जा शाखा प्रमुख निर्मल कुमार, ईन्जिनियर प्रदिप चौरसिया लगायत के सहभागिता रहल रहे ।
स्वागत मन्तव्य निमित प्रशासकीय अधिकृत भूपेन्द्र प्रसाद यादव कईले रहनी आ सञ्चालन शिक्षा प्रमुख शम्भु साह कईले रहनी ।





