नेकपा (एकिकृत समाजवादी) सखुवा प्रसौनी के अध्यक्ष मे दिपेन्द्र साह

वीरगंज ०९ कुवार

पर्सा के सखुवा प्रसौनी गाँवपालिका मे नेकपा (एकिकृत समाजवादी) के गाँव कमिटी गठन भईल बा । कोइलाभार मन्दिर मे भईल पार्टी के गाँव भेला से दिपेन्द्र साह के अध्यक्षता मे ५१ सदस्यीय गाँव कमिटी गठन कईले बा ।

नवगठित गाँव कमिटी के उपाध्यक्ष हेमराज चौधरी, सचिव अफताव आलम, सह सचिव अमिरका पासवान, सदस्यलोग दिपेन्द्र खवास, मिथुन खवास, सत्यनारायण चौधरी, वासु चौधरी, मुम्ताज अन्सारी, जगदिश प्रसाद कुर्मी, जयलाल राम, जयनारायण चौधरी, मोहित दास थारु, रायाशंकर चौधरी, वीरेन्द्र सहनी, बेचु प्रसाद कमकर, हरिन्द्र प्रसाद साह, सुरेन्द्र साह, दिपक कलवार, श्यामनाथ राम, महेश राम लगायत रहल बाडन ।

जेष्ठ जिल्ला सदस्य राजेन्द्र चौधरी के अध्यक्षता आ केन्द्रिय सदस्य एवम् जिल्ला इन्चार्ज रामचन्द्र साह के प्रमुख आतिथ्यता मे भईल भेला मे प्रदेश कमिटी सदस्य किशोरी कुशवाहा, जिल्ला सदस्य मोहन यादव, अशोक यादव, रमेश चौधरी, अमृता चौधरी, डा. मोताब अन्सारी, नरेश जयसवाल लगायत के लोग शुभकामना मन्तव्य रखले रहलन ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।