राष्ट्रियसभा के पूर्व सदस्य अग्रवाल के निधन मे श्राद्धाञ्जली
बारा १७ कुवार
नेपाली कांग्रेस के केन्द्रीय सदस्य रमेश रिजाल राष्ट्रियसभा के पूर्वसदस्य विश्वनाथ अग्रवाल के ८८ बरीस के उमिर मे भईल निधन पार्टी के बडका नोक्सानी पुगल बतवले बानी ।
अनेकन बेमारी से पिडित भईल अग्रवाल के शनिचर के रात निधन भईल रहे । बारा के सदरमुकाम कलैया मे आजु स्व अग्रवाल के पार्थिव देह मे पार्टी के झण्डा ओढाके अन्तिम श्राद्धाञ्जलि अर्पण करत नेता रिजाल देश मे प्रजातन्त्र लियावे खातिर अग्रवाल से महत्वपूर्ण भूमिका निर्वाह कईल बतवनी ।
उहे पार्टी के केन्द्रीय सदस्यद्वय फरमुल्लाह मंसुर तथा राधेचन्द्र यादव, बारा जिल्ला सभापति जयचन्द्र चौरसिया, संविधानसभा सदस्य शोभाकर पराजुली लयायत श्राद्धाञ्जलि देहले रहनी ।





