पुर्णब्रह्मा कबीर उपासक समाज नेपाल से ५६ जने कईलें लहुदान

प्रभु यादव
बारा १९ कुवार
बारा के सदरमुकाम कलैया मे पुर्णब्रह्मा कबीर समाज के आयोजना मे लहुदान कार्जक्रम सम्पन्न भईल बा ।
संत रामपाल अध्यात्म ज्ञान के समर्थक लोग लहुदान कईले रहलन भक्त बिनोद साह जनकारी करावले बानी । लहुदान १५ जने जनानी आ ४१ जने मर्दाना कर के ५६ जने कईले बाडन साह जनकारी करावले बानी ।
नेपाल रेडक्रस सोसाइटी पर्सा के जितेन्द्र कुशवाहा के नेतृत्व मे आईल प्राविधिक टोली उदय जैसवाल, अनिल कुशवाहा, मनिष गुप्ता आ ममताज अंसारी के सहजोग मे लहुदान कईल लोग के लहु लेहले रहलन । लहुदान कार्जक्रम के वाद अध्यात्म ज्ञान के सदस्य लोग कलैया नगर परिक्रमा कईले रहल । जुलुस मे पशु आदमी ही समान रहल बा ओकरा के हत्या हिंसा ना करे के कहत बली रोके के नारा लगावले रहलन ।





