एकीकृत समाजवादी के वीरगंज मे शुभकामना आदानप्रदान कार्जक्रम पुरा

वीरगंज १३ कातिक

नेकपा (एकीकृत समाजवादी) वीरगंज महानगर कमिटी के आयोजना मे आजु वीरगंज मे दिपावली तथा छठ पर्व के शुभकामना आदानप्रदान तथा चायपान कार्जक्रम पुरा भईल बा ।

पदम पार्टी प्यालेस मे भईल कार्जक्रम के सम्बोधन करत नेकपा (एकीकृत समाजवादी) पार्टी के केन्द्रिय सचिव नागेन्द्र चौधरी संविधान के रक्षा के खातिर प्रतिगमन के बिरोध मे बिद्रोह कईल बतवनी । उ नेकपा एमाले मे ब्यक्तिबादी हाबी होत गईल आ ओकरा से लोकतान्त्र हि खतरा परेके सम्भावना देखल गईला से बिद्रोह करके अलगे नेकपा एकीकृत समाजबादी पार्टी बनावेके पडल बतवनी । प्रदेश नं. २ के मुख्यमन्त्री लालबाबु राउत गद्दी बहुते जलदी एकीकृत समाजवादी प्रदेश सरकार मे सहभागी होखेके बतवनी । उ एकीकृत समाजबादी पार्टी के प्रदेश सरकार मे सहभागी करावेके तइयारी हो रहल बतवनी ।

जउन पार्टी मे ब्यक्तिबादि हावी होखेलन उ पार्टी लोकतान्त्रिक ना होखी बतावत मुख्यमन्त्री राउत ओईसन काम के बिद्रोह करके बनल एकीकृत समाजवादी पार्टी के भबिस्य रहल बतवनी ।

एकीकृत समाजवादी के वीरगंज महानगर अध्यक्ष मनोज चौधरी के अध्यक्षता मे भईल कार्जक्रम मे प्रदेश नं. २ के खानेपानी मन्त्री ओमप्रकाश शर्मा, वीरगंज माहानगरपालिका के उप मेयर शान्ती कार्की, नेकपा एकीकृत समाजबादी के पोलिटब्यूरो सदस्य रामचन्द्र साह, दिनेश राई, चिरञ्जीवी आचार्य, केन्द्रिय सदस्य एवं जिल्ला अध्यक्ष बालगोपाल थापा, लेखा आयोग सदस्य किशोरी कुशवाहा, उद्योग वाणिज्य महासंघ प्रदेश नं. २ के अध्यक्ष गणेश लाठ, वीरगंज उधोग बाणिज्य संघ के अध्यक्ष सुबोध गुप्ता, नेपाली कांग्रेस पर्सा के उपाध्यक्ष दिना गुप्ता, सचीव श्याम पटेल, नेता रामनारायण कुर्मी, नेकपा माओवादी केन्द्र के नेतालोग बाबुराम कौसिक, रामबाबु बैठा, जसपा पर्सा के सचिव तबरेज अहमद, लोसपा के नेतालोग नेजामुदिन समानी, पुरुशोतम झा, ओमप्रकश सर्राफ, उधोगीलोग अशोक टेमानी, लोहियाबादी पार्टी के केन्द्रिय अध्यक्ष नन्दन यादव लगायत के सहभागीता रहल रहे ।

कार्जक्रम के संचालन एकीकृत समाजवादी के वीरगंज माहानगर सचीव बृजलाल पासवान कईले रहलन आ अतिथिलोग के स्वागत उपाध्यक्ष मन्जुर आलम कईले रहलन ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।