जनकपुर के रुपैठा मे कातिक ३० गते तक निषेधाज्ञा थप

जनकपुरधाम २८ कातिक
जनकपुरधाम उप महानगरपालिका के रुपैठा मे एतवार के रात तक जारी कईल निषेधाज्ञा के समय थप कईल बा ।
सम्प्रदायिक सद्भाव मे खलल पुगेवाला किसिम से नारा जुलुस, हुलहुज्जत कर रहल कहत स्थानीय प्रशासन जनकपुरधाम वार्ड–२० रुपैठा मे शनिचर के दिन के २ बजे से एतवार के रात १० बजे तक के खातिर निषेधाज्ञा आदेश जारी कईले रहे ।
शान्ति सुरक्षा के अवस्था के मध्यनजर करत निषेधाज्ञा के कातिक ३० गते रात १० बजे तक के खातिर थप कईल प्रमुख जिल्ला अधिकारी बन्धु प्रसाद बास्तोला जानकारी देहनी । पूर्व मे जलाद नदी के कल्ली बाँध, पश्चिम मे जनकपुर जटही मार्ग के दोबाटो, उत्तर मे हनुमाननगर रामपुर बहुअर्बा जाएवाला रास्ता आ दक्षिण मे देबपुरा निमचौक से बहुअर्बा जाएवाला रास्ता तक निषेधाज्ञा आदेश जारी कईल बा ।
रुपैठा मे छठ के दिन से तनाव रहत आईल बा । एक समूह छठ पर्व मनावे मे रोक लगईला के बाद दु पक्ष बीच विवाद भईल रहे । ई विवाद शनिचर के दिने उग्र रुप लेहला पर निषेधाज्ञा आदेश जारी कईल बा ।
शनिचर के दिन भईल दु पक्षीय झडप के रोके गईल ४ जने सशस्त्र प्रहरी, एक जने नेपाल प्रहरी आ स्थानीय एक जने जनानी घायल भईल रहनी । शान्ति सुरक्षा के अवस्था के मध्यनजर करत स्थानीय प्रशासन ऐन, २०२८ के दफा ६ (३क) बमोजिम कउनो किसिम के भेला, जुलुस, प्रदर्शन, घेराव, सभा जईसन क्रियाकलाप करे ना मिलेवाला किसिम से निषेधाज्ञा आदेश जारी कईल प्रमुख जिल्ला अधिकारी बास्तोला बतवनी । आदेश उल्लंघन करेवाला जेकेहु के पुलीस कानुन बमोजिम कारवाही करे सकेके आदेश मे जनावल गईल बा ।



