बाल दुव्र्यवहार कम करे खातिर लईकालईकी सब के कानुन सम्बन्धि जानकारी

प्रभु यादव
बारा १२ अगहन
बारा के कलैया उपमहानगरपालिका वार्ड नम्वर १२ धर्मनगर मे विद्यालय मे पढनियार लईकालईकी के कानुन सम्बन्धी जानकारी करावल गईल बा ।
नेपाल राष्ट्रिय माध्यमिक विद्यालय धर्मनगर के किलास ८ से किलास १० तक के ५० जने पढनियार लईकालईकी के नेपाल के संविधान मे बालअधिकार के सम्बन्ध मे रहल कानुन सम्बन्ध मे जनकारी करवाके सचेत करावल गईल बा । संविधान मे धारा १६ से धारा ४६ तक ३१ गो धारा मौलिक हक सम्बन्धि व्यवस्था कईल सहभागी सब के प्रशिक्षण देत कलैया उपमहानगरपालिका के सहकारी आ न्यायिक शाखा के प्रमुख कानुन अधिकृत कमल पोखरेल जनकारी करावले रहनी ।
संयुक्त राष्ट्र संघ के महासन्धि से बालअधिकार के १३ गो बुन्दा मे रह के कानुन बनावे के कईल निर्णय के हस्ताक्षर मुताविक नेपाल मे कईल व्यवस्था के प्रशिक्षक पौडेल जनकारी करावले रहनी । अदालती सम्बन्ध मे कानुनी संहिता अनुसार बालबालिका के खातिर कईल देवानी आ फौजदारी मुद्दा मे मिलेवाला सजाय सब के बतावल गईल रहल ।
महिला बालबालिका तथा जेष्ठ नागरिक मन्त्रालय के स–शस्त्र अनुदान सहजोग मे कलैया उपमहानगरपालिका आ विदुषी नेपाल के सहकार्य मे कार्जक्रम सम्पन्न भईल बा । कलैया उपमहानगरपालिका के समाजिक शाखा के तपसि चौरसिया शिक्षा के अधिकार के सम्बन्ध समाज मे बननवर व्यवहारीक बात सब के सम्बन्ध मे पढनियार लईकालईकी के जनकारी करावले बानी ।
कलैया उपमहानगरपालिका के शिक्षा अधिकृत विजय अधिकार नेपाल के संविधान मे धारा ३१ मे शिक्षा सम्बन्धि हक अधिकार के क्षेत्र मे पढनियार लईकालईकी सब के खातिर बनावल गईल कानुन के सम्बन्ध मे जनकारी करावले रहनी । विद्यालय पढनियार लईकालईकी सब के राज्य से कईल स्वस्थ्य सम्बन्ध मे लिला सापकोटा आ तुलषा दहाल प्रशिक्षण देहले रहनी ।
विदुषी नेपाल के अध्यक्ष सुषमा बास्कोटा बारा के आठ गो विद्यालय मे पढनियार लईकालईकी सब के नेपाल के कानुन का रहल बा आ कईसे कार्यन्वयन होई जवना के प्रभाव का भईल सम्बन्ध मे जनकारी करावे के रहल कार्जक्रम मे से कलैया ९ बरेवा, १० मटिअर्वा, १२ धर्मनग मे सम्पन्न भईल जनकारी करावले बानी ।
कार्जक्रम मे विदुषी संस्था के कोषाध्यक्ष सुसिला खनाल, सदस्य रामरती सोनार, सल्लाहकार निर्मला गौतम लगायत के सहभागिता रहल रहे ।






