नेपाल प्रेस युनियन बारा के १७ वाँ वार्षिक साधारण सभा पुरा

प्रभु यादव
बारा २९ माघ
नेपाल प्रेस युनियन बारा के १७ वाँ वार्षिक साधारण सभा सम्पन्न भईल बा । साधारण सभा के प्रमुख अतिथि नेपाली काँग्रेस के केन्द्रीय सह–महामन्त्री आ पूर्व मन्त्री फरमुल्लाह मंसुर लोकतान्त्रिक व्यवस्था लियावे मे पत्रकार सब के सबसे अधिक भुमिका रहल बतावले बानी ।
राजतन्त्र के समय मे पत्रकारिता करे के बहुत कठिनाई होईत रहत रहे मंसुर जनकारी करावले बानी । पत्रकार सब के जनता सब के लोकतान्त्रिक मुल्यमन्यता मे विश्वास राखेवाला के काम प्रति कलम चलावेके सुझाव देत जिम्मेवारी भईल मंसुर बतवले बानी । दुर्भाग्यवश कम्युनिस्ट लोग के हाथ मे सरकार पुगल जवन उलोग के पईसा आ आपसी लुछा चोरी के कारण आपसी कल्ह होकर के विभाजन भईल जनकारी करावले बानी ।
७० प्रतिशत जनता के कोरोना के सुई चलावल गईल बा अब पूरा जने के देहल जाएके काम सरकार कररहल प्रमुख अतिथि मंसुर जनकारी करवले बानी । संविधान सभा सदस्य शोभाकर पराजुली संसदीय लोकतान्त्रिक मे रहल बानी संसद ना चला के जनता के भ्रम मे राख के विकास के काम ना करे देवेके काम एमाले के गैरजिम्मेवार बनल बा । नेपाली काँग्रेस के वितल आपन भितर के द्वन्द्व छोड के आवेवाला निवार्चन मे वार्ड तह से उपर तक के पद मे सफलता लिहे तबही सफल प्रजातान्त्रिक हो सकता जनकारी करावले बानी ।
सिम्रौनगढ के झरोखर पोखरा पर भईल साधारण सभा मे नेपाल प्रेस युनियन के सदस्य सत्यप्रकाश श्रेष्ठ, उमेशलाल दास, रामेश्वर मेहता, रत्नलाल टेमानी आ भोजराज भट्टराई के दोसला ओढा के समान करत प्रमुख अतिथि से प्रशंसा पत्र देहल गईल । पत्रकार लोग के संस्थागत करेला सिम्रौनगढ घोषण पत्र प्रस्तुत कईल गईल रहल । कार्जक्रम मे प्रमुख जिल्ला अधिकारी कृष्णबहादुर कट्वाल, पत्रकार महासंघ बारा के अध्यक्ष रेशम तिवारी, नागरिक समाज के बारा अध्यक्ष उमेशलाल दास, गुरु गौतम लगायत के लोग पत्रकार लोग जनता से सहि सूचना देके सचेत करावे के काम करेके बतावले रहनी । कार्जक्रम के अध्यक्षता श्यामबाबु यादव के आ संचालन साजिर मंसुर के रहल रहे ।






