भन्सार से चोरालुका के लियावल १६ लाख से बेसी के सामान बरामद

वीरगंज ०७ फागुन,
सशस्त्र प्रहरी बल भारत से भन्सार ना तिरके लियावल १६ लाख २१ हजार रोपेया बराबर के सामान बरामद कईले बा ।
खानेपानी के कार्टुन आ जार लेहल मिनी ट्रक से भन्सार छल के लियावल १६ लाख २१ हजार ७ सय ८० रोपेया के समान बरामद भईल सशस्त्र पुलीस जनवले बा ।
सर्लाही के कविलासी–८ गौर मे मंगर से नवलपुर आरहल बा ३ ख ७३३६ नम्बर के मिनि ट्रक चेकजाँच कईला पर भन्सार छल के लियावल समान बरामद भईल सशस्त्र प्रहरी बल छिन्नमस्ता बाहिनी प्रमुख प्रहरी नायब उपरीक्षक गणेश ठाडामगर जानकारी देहनी ।
पानी के जार आ कार्टुन से तोपके लिया रहल १७ बोरा चिनी, इनर्जी ड्रिंक्स रेडबुल (निलो) ८ कार्टुन, रेडबुल (रातो) ४ कार्टुन, ललीपप ५ बोरा बरामद भईल उ बतवनी ।
सशस्त्र प्रहरी के देखते मातर चालक मिनी ट्रक छोड के भागल रहलन ।
उनकर खोजी हो रहल आ बरामद कईल सामान जरुरी कारबाही के खातिर भन्सार कार्यालय मे बुझावल गईल सशस्त्र पुलीस जनवले बा ।






