जीवन साहारा बचत तथा ऋण सहकारी के १० वाँ साधारण सभा पुरा

प्रभु यादव
बारा ०५ माघ
बारा के कलैया उपमहानगरपालिका वार्ड ७ बरेवा मे रहल जीवन साहारा बचत तथा ऋण सहकारी संस्था लिमिटेड के १० वाँ साधारण सभा आ वार्षिक उत्सव एक समारोह के बिच सम्पन्न भईल बा ।
कार्जक्रम के प्रमुख अतिथि बचत तथा ऋण सहकारी संघ बारा के अध्यक्ष सतेन्द्र प्रसाद ठाकुर सहकारी के सदस्य लोग दुसर बैंक मे पईसा जम्मा करेला माकिर सहकारी मे तीन किसिम के फाईदा भईला पर भि ना जम्मा करे के कारण कारोबार मे कमी भईल जनकारी करावले रहनी ।
दुसर बैक से बचत मे दोबर व्याज, शेयर रहल रकम मे लभास आ आपन बचत आपने मे लगानी ओकर व्याज आपने लेवेके रहल सहभागी लोग के सुझाव देहत प्रमुख अतिथि ठाकुर जनकारी करावले बानी ।
कार्जक्रम के विशिष्ट अतिथि कलैया उपमहानगरपालिका के सहकारी शाखा प्रमुख कमल पोखरेल सहकारी के नियम २०७५ अन्तर्गत के सम्बन्ध मे सहकारी के विनियम मे हेरफेर करे के जनकारी देहनी ।
सहकारी के अध्यक्ष रामअधार ठाकुर के सभापतित्व मे भईल कार्जक्रम मे पत्रकार महासंघ प्रदेश २ के कार्य समिति सदस्य सिकेन्द्र पासवान, पालिका के सहकारी शाखा के महन्त ठाकुर लगायत के लोग सहकारी के साधारण सभा के शुभकामना देत काम के सर्हना कईले रहलन ।
जीवन साहारा बचत थता ऋण सहकारी संस्था लिमिटेड मे असल बचतकर्ता विनोद साह आ तबारक मिया के असल ऋणी सञ्जु कुमारी आ शैलेस यादव के प्रमुख अतिथी ठाकुर दोसला ओढा के समान कईले रहलन ।
प्रमुख अतिथि ठाकुर बचत तथा ऋण सहकारी संघ के अध्यक्ष पद खातिर देसराका कार्यकाल के जिमेवारी मिलल बा जवना के कदर करत संस्था के अध्यक्ष रामअधार ठाकुर दोसला ओढा के समान कईले रहनी ।
सहकारी के वार्षिक प्रतिवेदन अध्यक्ष ठाकुर सुनावले रहनी । सहकारी के कोषाध्यक्ष मह्मद स्यैब मंसुर एक करोड ८७ लाख ४१ हजार ९७ रूपेया ७८ पईसा के आर्थिक प्रतिवेदन सुनावले रहलन ।
संस्था के प्राङ्गण मे भईल कार्जक्रम मे आईल सब सहभागि लोग स्वागत उपाध्यक्ष रामनारायण यादव कईले रहनी आ कार्जक्रम के सञ्चालन संस्था के सचिव प्रभु प्रसाद यादव के रहल ।






