जिल्ला समन्वय समिति रौतहट के कार्यालय प्रमुख मे जगत प्रसाद साह

रौतहट १३ फागुन

रौतहट के सदरमुकाम स्थित जिल्ला समन्वय समिति कार्यालय गौर के कार्यालय प्रमुख के पद भार राष्ट्रसेवक कर्मचारी जगत प्रसाद साह आजु से ग्रहण कईले बानी ।

जिल्ला समन्वय समिति रौतहट के उपसभापति राम अशिष राय यादव कार्यालय प्रमुख पद मे जगत प्रसाद साह के फुलमाला खादा ओढाके स्वागत कईले रहलन ।

जिल्ला समन्वय समिति रौतहट के कार्यालय प्रमुख के जिम्मेवारी मिलल साह ई पहिले दुर्गा भगवति गाँवपालिका गंगापिपरा रौतहट के हाकिम रहनी ।

करिब एक हप्ता पछाडि उ कार्यालय प्रमुख रहल चन्द्रपुर नगरपालिका रौतहट के प्रमुख प्रशासकीय अधिकृत उप सचिव भी रहल सुरेन्द्र प्रधान के सरुवा भईला के बाद पद खाली रहल रहे ।

जिल्ला समन्वय समिति रौतहट के कार्यालय प्रमुख के पद सम्हारके जगत प्रसाद साह मातहत रहल पालिका आ क्षेत्र के भ्रष्टाचार न्यूनीकरण करेमे कदम कईसन होखी ?, सेवाग्राहीलोग के कहनाम रहल रहे । जिल्ला समन्वय समिति रौतहट के स्थपना काल से कार्यालय प्रमुख सम्हारल के कउनो ई विषय मे अनुगमन भी कईले नईखन । कार्यालय प्रमुख जगत प्रसाद साह काम करीहन कहके सेवाग्राहीलोग भी आशा भरोसा रखले बाडन ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।