लोसपा वीरगंज नगर समिति के बईठक से कईलख अनेकन निर्णय

वीरगंज १४ फागुन

लोकतान्त्रिक समाजवादी पार्टी, नेपाल के वीरगंज महानगर कार्यसमिति के बईठक से अनेकन निर्णय कईले बा ।
पार्टी कार्यालय गोखुलघाट(रानिघाट) मे भईल बईइठक से पार्टी के वीरगंज मे एक नम्बर के पार्टी बनावेके संकल्प प्रस्ताव पारित कईले बा ।

संगठन निर्माण, वर्गीय सङ्ठन बिस्तार तथा पार्टी के जनता से जोडत जन मैत्री बनावे खातिर परोपकारी कार्जक्रमसब संचालन करेके, राजनीतिक तथा समाजिक ससक्तिकरण के खातिर नेता कार्यकर्तालोग के प्रशिक्षण देवेके बईठक से निणर्य कईले बा ।

महानगर अध्यक्ष ओमप्रकाश सरार्फ के अध्यक्षता मे भईल कार्जक्रम मे प्रमुख अतिथि नेता एवं अधिवक्ता सुरेन्द्र कुर्मी, रम्भा मिश्रा, मुनि श्रीवास्तव, जिल्ला सचिव राजनरायण मिश्रा, नगर उपाध्यक्ष द्वय हरेन्द्र पटेल (बाबा), बेदामी कलवार, सचिव संजय पटेल, कोषाध्यक्ष जयप्रकाश साह (अग्रवाल), सह– सचिव रेखा सरार्फ, युवा के नगर अध्यक्ष राहुल शर्मा, महिला अध्यक्ष अन्जना गुप्ता, सदस्यलोग बिरेन्द्र साह, शिवशंकर द्विवेदी, सबिता शर्मा, सरिता जिसवाल, नरेश अग्रवाल, रिजवी खालिद, उदय गिरि, मजिद देवान, राजेश झा, राहुल सरार्फ, लालबाबु पटेल, सत्युग साह, जकाउल अन्सारी लगायत ३२ गो वार्ड के वार्ड प्रतिनिधिलोग के सहभागिता रहल रहे ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।