बारा से नक्कली रोपेया सहित एक जने पकडईलें

प्रभु यादव

बारा १९ फागुन

सशस्त्र पुलीस बारा के सिम्रौनगढ से नक्कली रोपेया सहित एक जने के पकडले बा । पकडाएवाला मे धनुषा के क्षिरेश्वरनाथ नगरपालिका–५ दिगम्बरपुर रहेवाला १९ बरीस के विरेन्द्र महतो रहल बाडन ।

उनकर साथ से नक्कली रोपेया रु १ हजार दर के ३ सय १ थान आ सक्कली रोपेया १ हजार ५ सय २५ रोपेया भी बरामद कईल सशस्त्र प्रहरी बल नेपाल छिन्नमस्ता बाहिनी, बर्दिबास के प्रमुख सशस्त्र प्रहरी नायब महानिरीक्षक गणेश ठाडामगर जानकारी देहनी ।

सिम्रौनगढ नगरपालिका–६ अम्मरपुरस्थित सीमा क्षेत्र मे नहर ओरी आ रहल लु ७८ प ३३९७ नम्बरके मोटरसाईकल चेकजाँच कईला पर चालक महतो के साथ से नक्कली नोट मिलल सशस्त्र प्रहरी बल बोर्डर आउटपोष्ट गोलागञ्ज जनवले बा ।

बरामद कईल नक्कली आ सक्कली नोट, मोटरसाईकल सहित महतो के जरुरी कारबाही के खातिर नेपाल पुलीस के जिम्मा लगावल सशस्त्र पुलीस जनवले बा ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।