पर्सागढी नपा–२ के बिरुवा चौक मे आधारभूत स्वास्थ्य चौकी के उदघाटन

वीरगंज ३० फागुन

पर्सा जिल्ला के पर्सागढि नगरपालिका वार्ड नं २ के बिरुवा चौक मे आधारभूत स्वास्थ्य चौकी के उदघाटन नगर प्रमुख लोकनारायण यादव कईले बानी ।

गर्भवती जनानीलोग के स्वास्थ्य चौकी मे चार बेर चेकजाँच करावेके चाहिं आ चेकजाँच करावे आवेवाला जनानी के यातायात खर्च भी देवेके ब्यवस्था रहल जनावल गईल बा । वार्ड अध्यक्ष उद्धव बहादुर उप्रेती के अध्यक्षता मे भईल कार्जक्रम मे बिशिष्ट अतिथि नगर उप प्रमुख अर्चना चौधरी लगायत के सहभागीता रहल रहे ।

एहितरे वार्ड नं एक मे भी आधारभूत स्वास्थ्य चौकी उदघाटन कईल बा । वार्ड नं १ के वार्ड अध्यक्ष तुलाराम महतो के अध्यक्षता मे भईल कार्जक्रम मे नेपाली काँग्रेस नगर संयोजक बिशमोहन दास थारू, उप सभापति अच्छेलाल प्रसाद यादव लगायत के सहभागीता रहल रहे ।

कार्जक्रम मे स्वागत मन्तव्य नगरपालिका के प्रमुख प्रशासकीय अधिकृत भरत प्रसाद यादव कईले रहनी आ सहजीकरण शम्भु पंडित कईले रहनी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।