वीरगंज मे खुकुरी प्रहार से दु जने घायल

वीरगंज ०८ चईत

वीरगंज महानगरपालिका मे खुकुरी प्रहार से दु जने घायल भईल बाडन । वीरगंज महानगरपालिका– २१ पटेल नगर के ४५ बरीस के राजेन्द्र पटेल आ उनकर २० बरीस के बेटा विकास पटेल घायल भईल बाडन ।

ईलाज के समय मे राजेन्द्र के मुडि मे २० गो टाँका लगावल गईल बा । एहितरे विकास के हाथ मे चोट लागला के साथे मुडि मे ८ गो टाँका लगावल गईल पुलीस जनवले बा ।

खानेपानी धारा के विषय मे मंगर के सबेरे विवाद भईला पर आपन भाइ कामेश्वर पटेल सवा १० बजे ओरी उनका के खुकुरी से मारल पुलीस जनवले बा । खुकुरी प्रहार करेवाला कामेश्वर के पुलीस पकडले बा ।

कामेश्वर से प्रयोग कईल खुकुरी भी बरामद करके उनका विरुद्ध ज्यान मारेके कसुर मे अनुसन्धान हो रहल जिल्ला प्रहरी कार्यालय पर्सा के प्रवक्ता प्रहरी नायब उपरीक्षक ओम प्रकाश खनाल जानकारी देहनी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।