पर्सा, बारा लगायत के जिल्ला मे कल सुखला से पानीके हाहाकार, किसान मे छटपटी

अजय कु. चौरसिया
वीरगंज ०४ सावन,
पर्सा, बारा लगायत के जिल्लासब मे पानी पिए खातिर चापाकल के प्रयोग कईल जाला । बितल लम्हर समय से बढल गर्मी आ समय मे पानी ना परला के चलते खास करके वीरगंज लगायत के क्षेत्र मे चापाकल सुखला के चलते पानी के हाहाकार मचल बा । जउना के चलते सर्वसाधारण के जनजिवन हि कष्टकर बनल बा ।
धनिकलोग त बोतल आ जार के पानी किन के आपन गुजारा जेनतेन चला रहल बाडन माकिर गरिबलोग मे छटपटी भईल वीरगंज महानगरपालिका वार्ड नं. १६ के बिशोक पटेल बतवले बानी । दिनभर मे एक÷दु बेर महानगरपालिका टयांकी से पानी बाँट रहल बा माकिर उ भी पर्याप्त ना रहल बतवनी । एकरा ओरी सभी जनप्रतिनिधि आ सरोकारवाला के ध्यान देहल जरुरी रहल माग कईले बानी ।
एहितरे पर्याप्त वर्षात ना भईला से खेत मे रोपल धान सुखे लागला के बाद किसान चिन्तित भईल बाडन । “मोटर÷दमकल से पानी तानके जईसेतईसे रोपल धान पानी ना परला के बाद सुखत गईल बा, अभी कुछ दिन पानी ना परला पर धान बँचावल मुस्किल होखी”, वीरगंज महानगरपालिका वार्ड नं. २४ के किसान राजेन्द्र साह कहनी, “बरीसभर खाएवाला धान सुखत गईला पर मन मे चिन्ता बढत गईल बा ।”
साह के मुताविक गाँव के किसान के रोपल धान खेत मे सुखल आ रोपेके तइयारी भईल बीया बिराड मे सुखे लागल बतवनी । पानी के कमी के धान रोपल खेत फाटत गईला पर किसान चिन्तित भईल बाडन । पर्सा, बारा मे बितल लम्हर समय से पानी नईखे परल । सुखाड से पर्सा के कृषि मे खराब असर परत गईल कृषि ज्ञान केन्द्र जनवले बा ।
ई बेर पर्याप्त वर्षात ना भईला से पर्सा मे अभी तक सभी ओरी रोपाई होखे ना सकल बतवनी । उनका मुताविक पर्सा मे अभी तक ५० प्रतिशत रोपाइँ भईल बा । अधिकांश सिक्टा सिँचाइ के नहर भईल जगहा आरीपाछि आ कृषि ज्ञान केन्द्र के अनुदान से सिँचाइ भईल क्षेत्र मे मात्र रोपाइँ कईल बा । अधिकांश जगहा मे आकाशे पानी के भर परेके भईला से धानखेती समय मे होखे सकल नईखे । पिछिलका बरीस पर्सा के किसान समय मे पानी ना परला पर उत्पादन घटेके, पानी परके समय मे रोपला के बाद बाढ से नोक्सानी पुगावेके , खाद कमी लगायत के समस्या मे परत आईल किसानलोग बतवले बाडन ।
एहितरे बियफे के दिने नेपाली कांग्रेस के बुथ सभापति बिश्वेसर प्रसाद कुर्मी के नेतृत्व मे स्थानीयवासी वार्ड नम्बर १४ के वार्ड कार्यालय मे पुगके वार्ड अध्यक्ष महबुब एलाही अन्सारी के ज्ञापनपत्र बुझावत पानी के समस्या समाधान के खातिर माग कईले बाडन ।ज्ञापनपत्र बुझावल गईल पाँच दिन भितर वार्ड मे पानी के समस्या समाधान ना कईला पर सभी वार्डवासी हि सशक्त आन्दोलन मे उतरेके चेतावनी भी देहल कांग्रेस बुथ सभापति कुर्मी बतवनी ।






