नेपाल औषधि तथा विक्रि प्रतिनिधी संघद्धारा बतकही कार्जक्रम पुरा

वीरगंज ०६ सावन
नेपाल औषधी तथा विक्रि प्रतिनिधी संघ शनिचर के दिने वीरगंज मे बतकही कार्जक्रम पुरा कईले बा । संघ के वीरगंज ईकाई विर्ता स्थित त्रिजुद्ध माध्यमिक विद्यायल मे “अभिमुखिकरण, संचार तथा बतकही” कार्जक्रम के आयोजना कईले बा ।
नेपाल औषधि तथा विक्रि प्रतिनिधी संघ के नयाँ सदस्यलोग के लक्षित करके “अभिमुखिकरण, संचार तथा बतकही कार्जक्रम”के आयोजना कईल कार्जक्रम के सभापति एवं वीरगंज ईकाई के अध्यक्ष राम गोसाई बतवनी ।
अध्यक्ष गोसाई ई कार्जक्रम से हमनी के पेशा आ संस्था के बारे मे सभी से जानकारी लेहला के बाद उहे तरिका से काम सुरु करेके विश्वास व्यक्त कईनी । तालिम मे सिखल ज्ञान आ सिप के व्यवहार मे लागू करे खातिर अध्यक्ष गोसाई निहोरा कईनी ।
उ कार्जक्रम मे काम उपर के जिम्मेवारी, अनुशासन, ट्राफिक नियम आ एच.आई.भि एड्स बारे जानकारी करावल गईल रहे ।
कार्जक्रम मे प्रमुख अतिथी नेपाल औषधी संघ वीरगंज के अध्यक्ष डा. मनोज कुमार गुप्ता, विशिष्ट अतिथी नेपाल औषधि तथा विक्रि प्रतिनिधी संघ के केन्द्रिय उपाध्यक्ष मनोज साह, संघ के केन्द्रिय सचिव नरेन्द्र कुशवाहा, जिल्ला ट्राफिक कार्यालय पर्सा के ट्राफिक प्रहरी निरीक्षक मणी राम थापा लगायत के सहभागीता रहल रहे । मौसम राज भटराई से सहजीकरण कईल कार्जक्रम मे सहभागीलोग के प्रशिक्षक रमेश गिरी, आशिष गुरागाइन प्रशिक्षण देहले रहनी ।






