पानी के हाहाकार भईला के बाद महानगरपालिका वार्डसब मे धारा जोड रहल

वीरगंज ०७ सावन

बितल कुछ दिन से खानेपानी के हाहाकार भईला के बाद समस्या मे परल नगरबासी के खातिर वीरगंज महानगरपालिका पानी के व्यवस्था करेमे लागल बा ।

महानगरपालिका खानेपानी संस्थान के पाइपलाइन विस्तार भईल वार्ड नम्बर १ से १७ आ १९ करके १८ गो वार्ड मे सोमार से निःशुल्क धारा जडान करेके तइयारी कईले बा । एहितरे खानेपानी संस्थान के पाइपलाइन ना पुगल वार्डसब मे अभी ट्यांकरमार्फत पानी ढुवानी करके अस्थायी रूप मे व्यवस्था महानगर कर रहल बा ।

महानगर के ९० प्रतिशत चापाकलसब सुखके पानी के समस्या से पिडित बनल महानगरवासी के तत्काल जरुरी पानी के व्यवस्था मिलावे खातिर महानगर के मेयर राजेशमान सिंह महानगर के कर्मचारी आ वार्ड के जनप्रतिधिनीलोग के निर्देशन देहले बाडन ।

निर्देशन मुताविक महानगरपालिका एतवार के दिने वार्ड नम्वर १ आ १५ के सार्वजनिक जगहा मे १० हजार लिटर क्षमत के ट्यांकी राखके ओमे ट्यांकर से पानी पठाके पिएवाला पानी के प्रबन्ध मिलवले बा । एहितरे खानेपानी संस्थान के धारा सार्वजनिक जगहासब मे जडान करेके काम सोमार से हि सुरु करेके महानगरपालिका के प्रमुख प्रशासकीय अधिकृत लक्ष्मी प्रसाद पौडेल बतवनी । खानेपानी पाइप के लाइन भईल वार्डसब मे सार्वजनिक चोक तथा बेसी भिड रहल जगहा मे सोमार से हि धारा जडान काम सुरु करेके उ बतवनी । उ कहनी, ‘हरेक वार्ड मे जरुरत मुताविक १० से १५ जगहा मे धारा जडान कईल जाई, धारा जडान के खर्च आ ओकर बिलिङ महानगरपालिका तिरी ।’

एहितरे संस्थान के पाइप लाइन विस्तार ना भईल वार्ड तथा जगहा मे एतवार से १० हजार लिटर के ट्यांकी राखके पानी के प्रबन्ध मिलावल पौडेल बतवनी ।

एहितरे एतवार के दिने वीरगंज महानगरपालिका–२४ मे वार्ड अध्यक्ष आशुतोष चतुर्वेदी आपन व्यक्तिगत खर्च मे ट्यांकी राखके वार्डवासी के पानी के व्यवस्था मिलवले बाडन ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।