ने.रा. आधारभुत विद्यालय ईनर्वा मे छात्रवृत्ति बाँटल गईल

वीरगंज ०७ सावन
वीरगंज महानगरपालिका वार्ड नं १६ इनर्वा मे रहल श्री नेपाल राष्ट्रिय आधारभुत विद्यालय के लईकी तथा दलित लईकालोग के आर्थिक बरीस २०७९/०८० के छात्रवृत्ति आजु बाँटल गईल बा ।
वीरगंज महानगरपालिका के उप–मेयर इम्तियाज आलम के प्रमुख अतिथ्यता मे भईल कार्जक्रम मे विद्यालय मे पढेवाला १७५ जने विद्यार्थीलोग के छात्रवृति देहल गईल बा । कार्जक्रम के प्रमुख अतिथि उप–मेयर आलम विद्यालय से छात्रवृत्ति पारदर्शी रुप मे बाँटला मे खुसी जनावत आवेवाला दिन मे ई विद्यालय के सकेभर सहजोग करेके बतवनी ।
विद्यालय के अवस्था एकदम दयनिय रहला से एकरा के सुधार करके जाए खातिर वार्ड समिति के सुझाव देत अभी विद्यालय मे हो रहल भौतिक विकास बारे जानकारी लेत आवेवाला दिन मे विद्यालय के किलास कोठरी बनावेके, खानेपानी सहित के सिपटी बनावेके बतवनी ।
विद्यालय के प्रधानाध्यापक सन्देश कुमार चौहान के अध्यक्षता मे भईल कार्जक्रम मे वार्ड सदस्य तथा विद्यालय ब्यवस्थापन समिति के पुर्व अध्यक्ष प्रमोद कुमार यादव, उपमेयर के स्वकीय सचिव शेष हजरा, नेपाली कांग्रेस के युवा नेता धर्मराज यादव, पत्रकार राहुल गुप्ता लगायत के सहभागीता रहल रहे ।





