पानी हाहाकार भईला के बाद धोबिनी के युवा नेता पटेल वीरगंज मे पानी बँटलें

पोखरिया ०९ सावन,
पानी के मुहान सुखला के बाद पर्सा जिल्ला के वीरगंज महानगरपालिका के वार्ड नम्बर २४ मे धोबिनी गाँवपालिका से माओवादी के युवा नेता वाईसिएल के केन्द्रिय सदस्य समाजसेवी सन्तोष पटेल आपन निजि दमकल के माध्यम से पानी बँटले बानी ।
वीरगंज महानगरपालिका अन्तरगत के सभी वार्ड मे पानी के हाहाकार भईला के बाद वीरगंज से लगभग २० किलोमिटर दुर रहल धोबिनी गाँवपालिका से आपन निजि दमकल मे ६ हजार लिटर पानी लियाके आजु वीरगंजबासी के पानी वितरण सुरु कईल नेता पटेल बतवनी ।
दमकल से लियावल पानी टोलटोल मे लेजाके जरुरत मुताविक टोल टोल मे पुगावल पटेल बतवनी । वीरगंज लगायत पर्सा के अनेकन जगहा मे खानेपानी के मुहान सुखला से ई समय पानी के हाहाकार भईल बा ।
एकरा से पहिले कोरोनाकाल मे भी पटेल आपन खर्च मे बहुते परिवार के राहत बँटले रहनी ।
जदि आउर कउनो वार्ड मे पानी के जरुरी बा त आपन मोबाइल नम्बर ९८५१००४७५३ मे सम्पर्क करे खातिर नेता पटेल निहोरा कईले बाडन ।






