श्री ३ चन्द्र उच्च मावि मे नवगठित व्यवस्थापन समिति मे बिवाद, स्थानीय बुझवलें प्रजिअ के ज्ञापनपत्र

प्रभु यादव

बारा १२ सावन

कलैया उपमहानगरपालिका वार्ड नम्बर १ मे रहल देश के तिसरका पुराना विद्यालय श्री ३ चन्द्र माध्यमिक विधालय रहल बा । स्थानीयबासीलोग शुक के दिनेन बारा के प्रमुख जिल्ला अधिकारी नवराज सापकोटा के ज्ञापनपत्र बुझवले बाडन ।

श्री ३ चन्द्र उच्च माध्यमिक विद्यालय मे नवगठित व्यवस्थापन समिति मे अनियमितता भईला के बाद स्थानीय प्रजिअ के ज्ञापनपत्र बुझवले बाडन । कलैया उपमहानगरपालिका वार्ड नम्बर १ के प्रत्याशी वार्ड नन्दन गुप्ता के नेतृत्व मे उ ज्ञापनपत्र बुझवले रहे ।

श्री ३ चन्द्र उच्च माध्यमिक विधालय मे व्यवस्थापन समिति गठन एकलौटी रुप मे भईल आ उ गठन मे रितपूर्वक पुरा करेके नियमसब के पालना ना भईल असहमति भईला से उ सम्बन्धि विशेष छानबिन करके गैर कानुनी रुप मे गठन भईल समिति के खारिज करके नियमपूर्वक सभी अभिभावक के जानकारी कराके सभी के सहभागिता मे शिक्षा क्षेत्र मे दखल भईल आ योगदान पुगावे सकेवाला असल आदमी राखके विद्यालय व्यवस्थापन समिति गठन करे खातिर निहोरा कईले बाडन ।

साथे विद्यालय व्यवस्थापन समिति कार्यविधि मुताविक माध्यमिक विद्यालय किलास १२ तक के विद्यालय व्यवस्थापन समिति के अध्यक्ष होखे खातिर कम्ति मे प्रविणता प्रमाण पत्र तह भा उ सरह के परिक्षा पास कईल होखेके माकिर अभी चयन भईल आदमी हरिओम सोनार १२ पास ना रहला से अविलम्भ उ समिति खारेजी करे खातिर ध्यानाकर्षण करवले बाडन । ज्ञापनपत्र बुझावेवाला मे डाक्टर सुशील साह, बिनोद कुमार गुप्ता, कमलेश मण्डल, नन्दन गुप्ता, सन्दिप बरै आ ललन प्रसाद साह लगायत रहल रहलन ।

ज्ञापनपत्र बुझत प्रमुख जिल्ला अधिकारी सापकोटा ई बिषय मे खुद बहुते गम्भिर रहल बतावत अनुसन्धान करेके बतवले बाडन । ऐन बिपरित विद्यालय व्यवस्थापन समिति गठन भईल प्रमाण मिलला पर उ विद्यालय के नवगठित व्यवस्थापन समिति के खारेज करेके प्रतिवद्धता कईले बाडन ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।