पर्सा के जिराभवानी गाँवपालिका ३० करोड ३१ लाख ४८हजार के बजेट लिआईल

वीरगंज १२ सावन

पर्सा के जिराभवानी गाँवपालिका चालू आर्थिक बरीस २०८०÷०८१ साल के बार्षिक बजेट सार्वजनिक कईले बा । वार्ड नं. ३ मे रहल जीतपुर बियाह मण्डप मे आयोजना कईल १२ वाँ गाँवसभा आ.ब. २०७८०÷०८१ के बजेट तथा कार्जक्रम सर्वाजाकिकरण कार्जक्रम मे पालिका ३० करोड ३१ लाख ४८ हजार रोपेया के बजेट लिआईल बा ।

कार्जक्रम मे पालिका उपाध्यक्ष रेखा चौधरी बजेट प्रस्तुत करत चालु आ.व. के प्रस्तावित आम्दानी मे ३० करोड ३१ लाख ४८ हजार रोपेया रहल बा । जउना मे नेपाल सरकार से मिलेवाला अनुदान मे बितिय समानीकरण अन्तर्गत ९ करोड ४२ लाख, सशर्त चालू अन्तर्गत ११ करोड २४ लाख, सशर्त अनुदान ओरी ९० लाख रोपेया अनुमानित आम्दानी रहल बा । एहितरे बिशेष अनुदान मे १ करोड, समपूरक अनुदान ५० लाख, राजश्व बाडफाट मे ५ करोड ४५ लाख रोपेया अनुमानित आम्दानी रहल बा ।

एहितरे चालू आर्थिक बरीस के खातिर उपाध्यक्ष चौधरी पूँजीगत खर्च ओरी कृषि बिकास तथा पशु सेवा शिर्षक मे ५० लाख, शिक्षा क्षेत्र बिकास मे १ करोड १२ लाख, स्वास्थ्य क्षेत्र बिकास मे ५० लाख, मरमत सम्भार कोष मे ५० लाख, समपुरक कोष मे ५० लाख रोपेया विनियोजन कईल बा । एहितरे भैपरी आवेवाला पूँजीगत खर्च मे ४० लाख, गापा के प्रमुख सडक मर्मत मे ४० लाख, वार्ड स्तरीय योजनासब २ करोड रोपेया बिनियोजन कईल बा ।

पालिका अध्यक्ष अनोज चौधरी के सभापतित्व मे भईल कार्जक्रम मे पालिका के पाँच गो वार्ड के एक÷एक जने उत्कृष्ट किसानलोग के सम्मान कईल रहे । एहितरे कार्जक्रम मे पालिका भितर रहल तीन गो बिद्यालय से एसईई परिक्षा मे पास भईल बिद्यार्थीलोग के सम्मान कईल रहे । कार्जक्रम मे न्यू सनलाइट यूवा स्पोर्टस क्लब सुपौली आ फूटबल संघ पर्सा के सदस्य चक्रधारी चौधरी, गापा के उत्कृष्ट कर्मचारी, प्रधानाध्यापक, संचारकर्मी, सुरक्षा इकाई के प्रमुखलोग के सम्मान कईल रहे ।

सेवा निबृत चिकित्सक बालकृष्ण चौधरी के प्रमुख आतिथ्यता मे भईल कार्जक्रम मे प्रदेश सभासद शकर प्रसाद चौधरी, प्रमुख प्रशाकीय अधिकृत अमित कुमार गिरी, वार्ड अध्यक्ष रामशरण ख्वास थारु, महादेव महतो थारु, सुरज राय थारु, दारा राउत थारु, पूर्व वार्ड अध्यक्ष शेख नूमान आजम, समाजसेवी सत्यनारायण साह शुभकामना मन्तव्य रखले रहनी । कार्जक्रम के स्वागत मन्तव्य कार्यपालिका सदस्य सरोज चौरसिया कईले रहनी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Check Also

Close
Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।